For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नाला में बहत रहे 500 के नोट, टूट पड़ले लोग, भीड़ करीब 2.5 लाख रूपिया बटोरलस 

09:35 AM Oct 20, 2024 IST | Sonu Kishor
नाला में बहत रहे 500 के नोट  टूट पड़ले लोग  भीड़ करीब 2 5 लाख रूपिया बटोरलस 
नाला बहत रहे 500 नोट, टूट पड़ले लोग - महाराष्ट्र
Advertisement

सांगली : महाराष्ट्र के सांगली जिला के आटपाडी में नाली में बहत नोट के पकड़े खातिर भारी संख्या में लोग उतर गइले। जनता में खूब उत्साह रहे। असल में अंबाबाई नाली में 500 रुपया के नोट के ढेर बहत रहे। एह नोट के लेबे खातिर लोग के भारी भीड़ जुट गइल।

Advertisement

शनिचर के दिने साप्ताहिक बाजार में आइल लोग देखल कि नाली में 500 रुपिया के नोट बहत बा। एकरा बाद लोग नोट पकड़े खातिर नाली में कूद गइले। अनुमान बा कि नदी से करीब दु से ढाई लाख रुपया लोग जमा कऽ लेले बाड़े।

जानकारी के मुताबिक शनिचर के आटपाडी कस्बा में साप्ताहिक बाजार के आयोजन कइल जाला। ई बाजार गाँव में अंबाबाई मंदिर के बगल में इस्थित नाली के लगे बा। चूँकि बाजार के दिन रहे एहसे सबेरे लोग आवत-जात रहे। सबेरे नौ बजे के करीब बाजार में जाए वाला कुछ नागरिक देखले कि नाली से नोट बहता।

एकरा बाद कुछ लोग पानी में घुस के जांच कइले कि इ नोट असली बा कि ना? 500 रुपया के नोट असली होखे के जानकारी मिलला के बाद इ खबर इलाका में हवा निहन फैल गइल। एकरा बाद भारी संख्या में लोग नोट बटोरे खाती नाली में कूद गइले।

एही बीच सूचना मिलला के बाद आटपाडी पुलिसो मौका पऽ पहुंच गइल। पुलिस लोग के नाली से बाहर निकाल के नोट बटोरे के काम शुरू कऽ देलस। बाकिर ई नोट कहाँ से आइल? के दहवावल , आ काहे? ई बात के अबहीं ले कवनो जानकारी नइखे।

Tags :
Advertisement