For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दिल्ली के नबी करीम इलाका में लागल भीषण आग, पुलिस 44 गो लोग के बचवलस

05:18 PM Sep 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
दिल्ली के नबी करीम इलाका में लागल भीषण आग  पुलिस 44 गो लोग के बचवलस
दिल्ली के नबी करीम इलाका में लागल भीषण आग: फोटो
Advertisement

Advertisement

दिल्ली के नबी करीम क्षेत्र में जय दुर्गा धरमकांटा के पास स्थित 4 मंजिला कुर्सी फैक्ट्री में भारी आग लाग गईल। सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंचल अवुरी कुल 44 लोग के जान बचावे में सफल भईल। स्थानीय थाना प्रभारी रात में अपना सीमित कर्मचारी के संगे मौका पs तुरंत कार्रवाई कईले अवुरी बगल के भवन के शटर तूड़ के फायर ब्रिगेड के पहुंचे से पहिले 44 लोग के सुरक्षित निकाल देले।

समय पs कईल गईल कार्रवाई के चलते टलल एगो बड़ दुर्घटना 

आग लगला के जानकारी मिलला पs दमकल विभाग के 7 फायर टेंडर मौका पs पहुंच के आग पs काबू पा लेले। एs घटना में केहु के घाही होखे के कवनो खबर नईखे, बाकिर फैक्ट्री के भारी नुकसान भईल बा। पुलिस घटना के जांच शुरू कs देले बिया अवुरी आग लागे के कारण के पता लगावे के कोशिश कईल जाता।

Tags :
Advertisement