For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर के रामगढ़ताल के किनारे नया जेटी बनावल जाई, एकरा से सुंदरता अउरी बढ़ जाई

08:27 AM Aug 05, 2024 IST | Khabar Editor
गोरखपुर के रामगढ़ताल के किनारे नया जेटी बनावल जाई  एकरा से सुंदरता अउरी बढ़ जाई
Advertisement

देश-विदेश में पर्यटन स्थल के रूप में पहचान पा रहल रामगढ़ताल के सुंदरता के अउरी बढ़ावे खातीर प्राधिकरण के ओर से झील के किनारे रिंग रोड बनावल जाता। पाडलेगंज से मोहद्दीपुर ले दू लेन रिंग रोड बनावल गइल बा । एकरा के फोर लेन बनावल जाई। एही तरे मोहद्दीपुर से सहारा एस्टेट तक करीब चार किलोमीटर के रिंग रोड के निर्माण के काम अभी बाकी बा।

Advertisement

हाईलाइट्स 

  •  जीडीए बोर्ड से मंजूरी मिलला के बाद डीपीआर तैयार करे के काम शुरू हो गईल
  •  सहारा एस्टेट से मोहद्दीपुर तक रिंग रोड के काम भी जल्दिए शुरू हो जाई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के प्लानिंग के मुताबिक जल्दिए रामगढ़तल के किनारे एगो अवुरी जेटी के निर्माण शुरू हो जाई। एकरा खातिर एगो जगह चिन्हित कइल गइल बा । गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) के मुताबिक सहारा एस्टेट के नजदीक नया जेटी बनावल जाई।

हालही में भइल जीडीए बोर्ड के बइठक में एह बारे में मंजूरी मिल गइल बा जवना का बाद डीपीआर तइयार करे के काम शुरू कर दिहल गइल बा । एतने ना, सहारा एस्टेट से मोहद्दीपुर तक रिंग रोड के काम भी जल्दिए शुरू हो जाई।

कुछ किसान के विरोध के चलते पोखरा के ए हिस्सा में रिंग रोड के काम शुरू ना हो सकल। प्राधिकरण के मुताबिक, विरोध करेवाला किसान के सहमति के आधार पs जमीन लिहल जाई। एकरा बारे में शनिवार के किसान सभा भी बोलावल गइल बा।

जीडीए के एक्सईएन नरेंद्र कुमार के मुताबिक सहारा एस्टेट के नजदीक एगो नाया जेटी बनावल जाई। एकरा खातिर डीपीआर तइयार कइल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement