टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Lucknow: श्रीराम मंदिर के उड़ावे के धमकी के पत्र मिलल, पुलिस आ एजेंसियन जांच में जुटल

12:43 PM Feb 17, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

लखनऊ के बीकेटी क्षेत्र के पाल रेस्टोरेंट में राम मंदिर आ बीकेटी थाना के बम से उड़ाने के धमकी भरल दु पत्र मिलल बा। पुलिस के संगही सुरक्षा एजेंसी एकर जांच कइल जा रहल बा। पत्र में जवना महिला के नाम आ मोबाइल नंबर लिखल बा, ओकरा शिकायत पs पुलिस अज्ञात के खिलाफ एफआईआर दर्ज कइले बा।

Advertisement

बीकेटी इंस्पेक्टर के मोताबिक दु दिन पहिले बरगदी पुलिया पs धमकी भरल पत्र मिलल रहे। ओह पत्र में वही महिला के नाम आ मोबाइल नंबर लिखल रहे। ममिला के जांच कइल जा रहल बा।

देवी-देवता के आपत्तिजनक फोटो बना वायरल कइलस 

देवी-देवता के फोटो के एडिट कs के आपत्तिजनक बनाके सोशल मीडिया पs वायरल करे के ममिला सुक के सामने आइल बा। हिंदू संगठन आ करणी सेना बीकेटी पुलिस से कार्रवाई के मांग कइले बा।

बीकेटी के रामपुर वार्ड निवासी सभासद विकास सिंह के मोताबिक स्वामी मुकेशानंद महराज के मुखार बिंदु से रामकथा नामक व्हाट्सएप ग्रुप में बीकेटी के हाजीपुर गांव निवासी जुवक जुड़ल बा।

आरोप बा कि जुवक बजरंगबली के फोटो एडिट कs के ओकरा के आपत्तिजनक बनाके सोशल मीडिया पs वायरल कs दिहल। बीकेटी इंस्पेक्टर राणा राजेश कुमार सिंह बतवलें कि सभासद के तहरीर पs एफआईआर दर्ज कइल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri Newsbreaking newslucknow newsThreat to blast Ram Temple
Advertisement
Next Article