For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सोनपुर मेला में निगरानी खातिर बनी वॉच टावर, 100 पुलिसकर्मियन के होई तैनाती

10:34 AM Oct 22, 2024 IST | Sonu Kishor
सोनपुर मेला में निगरानी खातिर बनी वॉच टावर  100 पुलिसकर्मियन के होई तैनाती
सोनपुर मेला
Advertisement

छपरा। विश्व प्रसिद्ध हरिहर क्षेत्र सोनपुर मेला के आयोजन खातिर पहिले 12 अलग-अलग सेल के गठन भइल बा। एकरा में एगो स्मारिका कोठरियो जोड़ल जा रहल बा। सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन खातिर पर्यटन विभाग, कला संस्कृति आ युवा विभाग आ जिला प्रशासन सारण के तरफ से कलाकारन के चयन कइल जा रहल बा। एकरा संगे-संगे सूचना अउरी जनसंपर्क विभाग से जुड़ल कला मंडली के ओर से मेला क्षेत्र में मंच पऽ सांस्कृतिक कार्यक्रम अउरी सड़क नाटक के प्रस्तुति होई। एकरा बारे में जिला मजिस्ट्रेट अमन समीर बैठक में जरूरी दिशा-निर्देश देले बाड़े।

Advertisement

प्रस्तुति आ कलाकारन के चयन के विधा में विविधता बनल रही। कलाकारन के चयन के प्रक्रिया 5 नवम्बर ले पूरा करे के कहल गइल बा। मेला क्षेत्र में स्वच्छता खातिर क्षेत्रवार व्यवस्था सुनिश्चित कइल जाता।

महत्वपूर्ण जगहा पऽ बैरिकेडिंग कइल जाई

कानून व्यवस्था के नजरिया से हर जरूरी आ महत्वपूर्ण जगह पऽ बैरिकेडिंग अउरी यातायात प्रबंधन खातिर ड्रॉप गेट तैयार कइल जाता। 10 नवंबर तक सभ इंतजाम पूरा करे के कहल गइल बा। एकरा से कहल गइल कि पहिले से लागू होखे वाला यातायात योजना के व्यापक प्रचार सुनिश्चित कइल जाव जेहसे कि मेला में आवे वाला लोग के कवनो तरह के दिक्कत के सामना ना करे के पड़े।

ड्रोन कैमरा के माध्यम से निगरानी कइल जाई

मेला क्षेत्र में ड्रोन अवुरी सीसीटीवी कैमरा के माध्यम से कानून व्यवस्था अउरी भीड़ प्रबंधन के निगरानी कइल जाई। एकरा खातिर निविदा के माध्यम से कार्रवाई कइल जाता। उपयुक्त आ जरूरी जगहा पऽ वॉच टावर बनावल जाई आपातकालीन इस्थिति खातिर क्विक रिस्पांस टीम के तैनाती कइल जाई। जवना खातिर 100 पुलिसकर्मी के विशेष प्रशिक्षण दिहल जाता। जिला मजिस्ट्रेट कार्यालय प्रबंधन के संबंध में सभ अधिकारी के जरूरी निर्देश देले।

Tags :
Advertisement