टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Aadhaar Card: 12 बरिस तक के बच्चन के बनवावे के होई आधार तऽ घरे अइहें डाकिया, 50 रूपिया लागी शुल्क

10:45 AM Aug 02, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

नवजात से लेके 12 साल तक के बच्चा के आधार कार्ड अब घरही में बनावल जा सकऽता। एकरा खातिर रउरा डाकिया के फोन कऽ के घरे बोला सकेनी। डाक विभाग से ई सुविधा 50 रुपिया से मिल जाई। डाक विभाग हर डाकिया के आधार निर्माण आ सुधार खातिर मशीन उपलब्ध करवले बा। एह लोग के सीएससी (कॉमन सर्विस सेंटर) के आईडीयो दिहल गइल बा।

Advertisement

नवजात से 12 साल के बीच के बच्चा के आधार कार्ड घर में बनावल जा सकऽता। हर उम्र के लोग के आधार त्रुटियो के सुधारल जा सकऽता। ई सुविधा डाक विभाग से 50 रुपया के फीस के साथे मिल जाई। फिलहाल आधार बनावे अउरी गलती सुधारे के सुविधा खाली चिन्हित डाकघर में उपलब्ध बा।

जनता के हित में एह सुविधा के दुआर तक पहुंचावल गइल बा। निर्धारित शुल्क देके आप अपना घर से डाकिया के फोन कर सकऽ तानी। डाक विभाग हर डाकिया के आधार निर्माण आ सुधार खातिर मशीन उपलब्ध करवले बा। एह लोग के सीएससी (कॉमन सर्विस सेंटर) के आईडीयो दिहल गइल बा।

 'बिहार में कुल 535 आधार केन्द्र'।

बिहार सर्किल के चीफ पोस्टमास्टर जनरल अनिल कुमार बतवले कि बिहार में 535 आधार केंद्र बा। एकरा अलावा इस्थिर केंद्र भी काम कर रहल बा। मोबाइल सेंटरो चलावल जा रहल बा। मोबाइल सेंटर के माध्यम से अपार्टमेंट, स्कूल चाहे कवनो अउरी जगह पs आधार बनावे खातिर शिविर के आयोजन कइल जा सकऽ ता।

आधार में गलतीयो सुधारे में सक्षम होई

उऽ बतवले कि कवनो आदमी के आधार में कवनो प्रकार के गलती के ओ शिविर में सुधारल जा सकऽता। उऽ बतवले कि आधार में कवनो प्रकार के गलती के इंडिया पोस्ट पेमेंट बैंक के माध्यम से सुधारल जा सकऽता।

नवजात शिशु से लेकर 12 वर्ष तक के बालक-बालिका के आधार बनवावे खातिर डाकिया के घरे बोलावल जा सकऽता। एकरा से अधिक आयु के लोगन के आधार डाकिया के माध्यम से ना बन सकी, बाकिर कवनो आयुवर्ग के पूर्व में बनल आधार में कवनो प्रकार के सुधार करा सकब। जइसे नया पता, मोबाइल नंबर आदि के अपडेशन करा सकऽत बानीं। एकरा खातिर ऑफलाइन या ऑनलाइन 50 रूपिया शुल्क लिहल जाई। - अनिल कुमार, डाक मुख्य महा अध्यक्ष, बिहार सर्किल।

Tags :
aadhar cardaadhar card newsaadhar card updateIndian Post officekhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsPost Office
Advertisement
Next Article