टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Aadhaar update online:अब बस कुछ दिन बाचल बा आधार के मुफ्त में अपडेट, घर में बइठ के अपडेट

01:32 PM Jun 05, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

संभव बा कि 14 जून के बाद एकरा खातीर जुर्माना हो सकता, तब आधार अपडेट के शर्त पैन अपडेट के जइसन हो जाई। अब रउरा खातिर बेहतर बा कि रउरा आपन आधार कार्ड जल्दी से जल्दी अपडेट कर लीं । घर में बइठ के भी मोबाइल के माध्यम से आपन आधार अपडेट कर सकेनी। पढ़ी पूरा जानकारी...

Advertisement

जदी रउरा लगे भी 10 साल पुरान आधार कार्ड बा आ ए दौरान एक बेर भी अपडेट नइखे भइल तs ई खबर रउवा खातीर बहुत जरूरी बा। सरकार आधार कार्ड के मुफ्त अपडेट खातीर 14 जून 2024 के तारीख तय कइले बिया आ ए 14 जून खातीर अभी कुछ दिन बाचल बा। आज तक आप आपन आधार मुफ्त में अपडेट कर सकत बानी। संभव बा कि 14 जून के बाद एकरा खातीर जुर्माना हो सकता, तब आधार अपडेट के शर्त पैन अपडेट के जइसन हो जाई। अब रउरा खातिर बेहतर बा कि रउरा आपन आधार कार्ड जल्दी से जल्दी अपडेट कर लीं । घर में बइठ के भी मोबाइल से आपन आधार अपडेट कर सकत बानी....

अपडेट खातिर एह दस्तावेजन के जरूरत पड़ी

आधार अपडेट खातिर दू गो महत्वपूर्ण दस्तावेज के जरूरत पड़ी। पहिला पहचान पत्र आ दूसरा पता के सबूत। आमतौर पs आधार केंद्र पs आधार अपडेट खाती 50 रुपया के शुल्क लिहल जाला, बाकी यूआईडीएआई के मुताबिक ई सेवा 14 जून तक मुफ्त बा। पहचान प्रमाण के रूप में पैन कार्ड आ पता खातिर वोटर कार्ड दे सकेनी।

घर में बइठ के अइसे अपडेट करीं

मोबाइल भा लैपटॉप से यूआईडीएआई के वेबसाइट पर जाईं । एकरा बाद आधार अपडेट के विकल्प पs क्लिक करीं। अब आधार नंबर डाल के ओटीपी के माध्यम से लॉगिन करीं। एकरा बाद डॉक्यूमेंट अपडेट पर क्लिक करीं आ सत्यापन करीं । अब नीचे दिहल ड्रॉप लिस्ट से पहचान पत्र आ पता सबूत के स्कैन कइल कॉपी अपलोड करीं । अब सबमिट पर क्लिक करीं। एकरा बाद रउरा के रिक्वेस्ट नंबर मिल जाई आ फार्म जमा हो जाई । संगही, रउआ अनुरोध नंबर से अपडेट के स्थिति के जांच कs सकेनी। कुछ दिन बाद राउर आधार अपडेट हो जाई ।

Tags :
aadhar cardaadhar card updateAadhar UpdateBhojpuri khabarKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpurikhabar bhojpuri news special
Advertisement
Next Article