For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

इतिहास 14 फरवरी : जब आतंकी हमला से छलनी भइल देश के सीना, जानीं अउरी प्रमुख घटना

09:48 AM Feb 14, 2024 IST | Minee Upadhyay
इतिहास 14 फरवरी   जब आतंकी हमला से छलनी भइल देश के सीना  जानीं अउरी प्रमुख घटना
Advertisement

हर बीतत दिन इतिहास में कुछ घटना के जोड़ देला। 14 फरवरी भी एकर अपवाद नइखे।14 फरवरी के नाम पs इतिहास में बहुत घटना दर्ज बा।14 फरवरी के दिन जम्मू कश्मीर में एगो दुखद घटना के संगे इतिहास में दर्ज बा। पांच साल बीत गइल बाकिर ओह घटना के घाव अबहियो हरियर बा जब आतंकी देश के सुरक्षाकर्मी पs हमला करे खातिर एह दिन के चुनले। राज्य के पुलवामा जिला में एगो जैश-ए-मोहम्मद आतंकी सीआरपीएफ के जवानन के लेके जात एगो वाहन में विस्फोटक से भरल गाड़ी से टक्कर मार दिहलसि जवना में नाहियो तs 39 जवान शहीद हो गइलें आ बहुते लोग गंभीर रूप से घवाहिल हो गइले।

Advertisement

ई दिन इतिहास में भी एगो अउरी कारण से दर्ज बा। असल में 14 फरवरी के वैलेंटाइन डे के रूप में मनावल जाला। एकरा के एह रूप में मनावला के पीछे कहानी बा। कहल जाला कि तीसरी सदी में जब एगो क्रूर रोमन सम्राट प्यार करे वाला लोग के सतावत रहले तs पादरी वैलेंटाइन सम्राट के आदेश के ना माने अवुरी प्रेम के संदेश देले, एहसे उनुका के जेल में डाल दिहल गईल अवुरी 14 फरवरी 270 के फांसी दे दिहल गईल। हर साल 14 फरवरी के वैलेंटाइन डे मनावे के ट्रेंड प्रेम खातिर आपन जान देवे वाला एह संत के याद में सुरू भईल। हालांकि कुछ लोग के ए दिन के मनावे पs आपत्ति बा।

देश आ दुनिया के इतिहास में 14 फरवरी के तारीख के दर्ज महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा:-

•1537.. गुजरात के सुल्तान बहादुर शाह के पुर्तगाली से भागत घरी डूब के मौत हो गइल।

•1556.. पंजाब के गुरुदासपुर जिला के कलानौर में अकबर के महज 13 साल के उमिर में मुगल सम्राट बनावल गइल।

•1876.. अलैक्जैंडर ग्राहम बेल एह टेलीफोन के पेटेंट खातिर आवेदन कइलन।

•1939 : बम्बई (अब मुंबई) के तत्कालीन प्रशासन शहर में शराब पs रोक लगावे के प्रस्ताव रखलस।

•1952 : सुषमा स्वराज के जनम। उ भारतीय जनता पार्टी के वरिष्ठ नेता अवुरी नरेंद्र मोदी सरकार में विदेश मंत्री रहली।

•1974: रूसी लेखक अलैक्जैंडर सोल्जेंत्सिन पs देशद्रोह के आरोप लगावल गइल जवना के देश निकाला भइला के एक दिन बाद।

•1989:ईरान के धार्मिक नेता आयतुल्लाह खुमैनी भारतीय मूल के ब्रिटिश लेखक सलमान रूश्दी के किताब 'सेटेनिक वर्सेज' के ईश्वर निंदा घोषित कs के रुश्दी के खिलाफ फतवा जारी कs के रुश्दी के मारे वाला के इनाम देवे के घोषणा कईले।

•1990:बेंगलुरु के एगो गोल्फ कोर्स पs इंडियन एयरलाइंस के विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। पायलट से विमान के रनवे के पहचान करे में गलती हो गईल। विमान में सवार 146 लोग में से 97 लोग के मउत हो गईल।

•2005:स्टीव चेन, चाड हर्ली आ जावेद करीम वीडियो साझा करे खातिर ‘यूट्यूब’ नाम के एगो वेबसाइट रजिस्टर कइले आ आजु एकर लोकप्रियता अतना बा कि हर महीना करीब एक अरब लोग एकर इस्तेमाल करेला।

•2005 : नेपाल में लोकतंत्र के खतरा में पड़ला के बाद ब्रिटेन आ फ्रांस उहाँ से आपन राजदूत के वापस बोलवले।

•2005:बेरूत में भइल कार बम विस्फोट में लेबनान के प्रधानमंत्री रहल रफीक हरीरी के मउत हो गइल।

•2019:जम्मू कश्मीर के पुलवामा जिला में सुरक्षाकर्मी बस पs भइल बम हमला में 39 सुरक्षाकर्मी के मउत हो गइल आ बहुते घवाहिल भइले।

Tags :
Advertisement