टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

इरा खान-नुपुर शिखरे के शादी के तईयारी सुरू, सजे लागल आमिर खान के घर

09:43 AM Jan 02, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

आमिर खान के बेटी इरा खान के बियाह के तइयारी शुरू हो गइल बा। इरा खान अवुरी नुपुर शिखरे के बियाह बहुत दिन से खबर में बा। इरा अपना प्रेमी नुपुर शिखरे से बियाह करे खातीर तैयार बाड़ी। दुनों के बियाह 3 जनवरी 2024 के होई। पिछला साल नवम्बर में आमिर खान के बेटी इरा खान के सगाई फिटनेस ट्रेनर नुपुर शिखरे से हो गइल रहे। इरा खान-नुपुर शिखरे के आवे वाला शादी के जश्न शुरू हो गईल बा। बेटी इरा के बियाह से पहिले आमिर खान अवुरी रीना दत्ता के मुंबई घर के खूबसूरती से सजावल गईल बा।

आमिर खान के घर जगमगा गईल

आमिर खान हालही में एह बात के खुलासा कइले रहले। लॉकडाउन के दौरान इरा अवुरी नुपुर के डेट शुरू हो गईल। नुपुर एगो खेल आयोजन के दौरान इरा के प्रपोज कईले अवुरी इरा एकर वीडियो इंस्टाग्राम पs शेयर कईले। दुनु जने के बियाह महाराष्ट्रीयन अंदाज में होखे वाला बा। दुल्हिन इरा खान के पिता आमिर खान अपना मुंबई के घर के रोशनी से सजा देले बाड़े। सोशल मीडिया पs एगो वीडियो सामने आइल बा, जवना में देखल जा सकेला कि कइसे दू मंजिला घर के रोशनी से सजावल गइल बा।

इरा खान-नुपुर शिखरे के शादी

आमिर खान के बेटी इरा खान 3 जनवरी 2024 के अपना प्रेमी अवुरी फिटनेस ट्रेनर नूपुर शिखरे से बियाह करे खातीर तैयार बाड़ी। आमिर के लाडली बतवली कि उ 3 जनवरी के आपन बियाह के तारीख चुनले रहली काहे कि उ एही तारीख के नुपुर के संगे डेट पs गईल रहली।

आमिर खान के काम के सुरुआत

1988 में आपन करियर शुरू करे वाला आमिर खान लगभग 34 साल फिल्म इंडस्ट्री में बितवले बाड़े। वर्क फ्रंट के बात करीं तs आमिर खान के आखिरी बेर सिल्वर परदा पs फिल्म ‘लाल सिंह चड्डा'’ में देखल गइल रहे। एह फिलिम में करीना कपूर आ आमिर के मुख्य भूमिका में देखल गइल। मिस्टर परफेक्शनिस्ट आमिर खान जल्दिए ‘चैंपियन’ नाम के फिलिम बनावे वाला बाड़न।

 

 

Tags :
aamir khanBollywood newsEntertainment NewsIra Khan
Advertisement
Next Article