टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अभिनव त्यागी बनलें गोरखपुर के नया एसपी सिटी : कृष्णा बिश्नोई बनलें संभल के एसपी 

09:55 AM Sep 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर के नया एसपी अभिनव त्यागी।
Advertisement

उत्तर प्रदेश में मंगर के प्रशासनिक हलचल के बीच बड़ फेरबदल भइल, जहां 17 IPS अफसरन के ट्रांसफर से सूबे के कानून-बेवस्था में नया धारा बहे वाला बा।

Advertisement

एह ट्रांसफर लिस्ट में गोरखपुर शहर के एसपी सिटी, 2018 बैच के तेजतर्रार अफसर कृष्ण कुमार बिश्नोई के नाम सामिल बा, जिनका के संभल जिला के पुलिस कप्तान नियुक्त कइल गइल बा। उनका गइला से गोरखपुर में एगो नया सुरुआत होखे जा रहल बा, काहेकि उनका जगह अब 2019 बैच के अभिनव त्यागी शहर के सुरक्षा आ कानून बेवस्था के कमान संभरिहें।

कृष्ण कुमार बिश्नोई: एगो नया मिशन के ओर!

बिश्नोई, जिनकर कड़क छवि आ अपराध पs नकेल कसे के नीति गोरखपुर में उनका के जनता आ अधिकारियन के बीच खास पहचान दिलवले रहे, अब संभल में आपन कड़ा प्रशासनिक कुशलता दिखावे खातिर पूरा तरे तइयार बाड़ें। उनकर ट्रांसफर चरचा के विषय बनल बा, काहेकि ई पहिला बार बा जब उनका के कवनो जिला के कमान दिहल गइल बा।

गोरखपुर के मिललें नया एसपी सिटी

अब बात कइल जाव गोरखपुर के नया एसपी सिटी के, जेकर नाम बा अभिनव त्यागी। आगरा के मूल निवासी आ B.Tech (कंप्यूटर साइंस) से पढ़ल-लिखल अभिनव त्यागी, जे अपना कुशीनगर पोस्टिंग में अपराध पs अइसन पकड़ बनवले रहस कि अपराधियन के नींद उड़ गइल रहे। अपना बैच के सबसे होनहार IPS अधिकारियन में गिनल जाये वाला त्यागी अब गोरखपुर के कानून व्यवस्था के आउर धारदार बनावे खातिर कमर कस चुकल बाड़े।

गोरखपुर में उम्मीदन के नया लहर

अभिनव त्यागी के आगमन गोरखपुर खातिर खाली एगो प्रशासनिक बदलाव ना हs, बलुक एगो नया ऊर्जा आ उम्मीदन के बयार हs। उनकर टेक्निकल बैकग्राउंड आ नवहा नेतृत्व क्षमता से गोरखपुर में अपराधियन खातिर दिन मुश्किल होखे वाला बा।

अब देखल दिलचस्प होई कि अभिनव त्यागी गोरखपुर के गलियन में अपराधियन पs कइसे लगाम लगावत बाड़ें आ बिश्नोई के विरासत के कवना ऊंचाई तक ले जात बाड़ें। जनता के नजर अब नया एसपी सिटी पs टिकल बा, जे गोरखपुर के अब आउर सुरक्षित आ संगठित बनावे के वादा लेके आइल बाड़ें।

Tags :
Abhinav TyagiBhojpuri NewsGorakhpur City SP Transferredgorakhpur newsIps Officers TransferredKrishna Kumar Bishnoi
Advertisement
Next Article