For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अयोध्या गैंगरेप पीड़िता के KGMU लखनऊ में अबॉर्शन , भ्रूण के DNA सैंपल टेस्ट खातिर लिहल गइल

12:00 PM Aug 07, 2024 IST | Raj Nandani
अयोध्या गैंगरेप पीड़िता के kgmu लखनऊ में अबॉर्शन    भ्रूण के dna सैंपल टेस्ट खातिर लिहल गइल
Advertisement

अयोध्या गैंगरेप केस: अयोध्या गैंगरेप पीड़िता केजीएमयू, लखनऊ में गर्भपात हो गइल। संगही, भ्रूण के सैंपल डीएनए टेस्ट खातीर भेजल गइल बा। परिवार के लोग के सहमति के बाद ई कदम उठावल गइल।

Advertisement

हाइलाइट

  •  अयोध्या गैंगरेप पीड़ित के गर्भवती किशोरी के लखनऊ में गर्भपात करावल गइल।
  •  परिवार के लोग के सहमति आ डॉक्टर के सलाह के बाद ई महत्वपूर्ण कदम उठावल गइल।

अयोध्या गैंगरेप के शिकार गर्भवती किशोरी मंगल के साँझ लखनऊ के केजीएमयू में अबॉर्शन भइल। डॉक्टर बतवले कि पीड़िता के हालत स्थिर बा। डीएनए टेस्ट खातिर भ्रूण के नमूना भी लिहल गइल बा ताकि आरोपी के पहचान हो सके। डॉक्टर बतवले कि परिवार के सहमति आ पीड़िता के स्वास्थ्य के देखत ई फैसला लिहल गइल।

बता दीं कि बलात्कार के शिकार लईकी 12 सप्ताह के गर्भवती रहे। एतवार के दिन ओकरा के अयोध्या महिला जिला अस्पताल से केजीएमयू, लखनऊ के क्वीन मैरी वार्ड में भेज दिहल गइल। परिवार से सहमति मिलला के बाद आ डॉक्टर के सलाह पs ओकरा गर्भपात भइल। लईकी फिलहाल स्वस्थ बिया। पुलिस ए मामला में दोषी के दोषी ठहरावे खातीर डीएनए टेस्ट करावे के फैसला भी कइले बिया। हालांकि पुलिस के ओर से ए मामिला में अभी तक कवनो आधिकारिक बयान जारी नइखे भइल।

आरोपी सपा नेता के खिलाफ कार्रवाई जारी बा

ध्यान देवे वाला बात बा कि अयोध्या में समाजवादी पार्टी के सांसद अवधेश प्रसाद के करीबी सपा नेता मोईद खान आ ओकर नौकर राजू खान पs बहुत दिन तक लईकी के शारीरिक शोषण करे के आरोप बा। ई बात तब सोझा आइल जब ओकरा पेट में दर्द भइल रहे। जब ओकर परिवार डॉक्टर के लगे ले गइल तs ओकर गर्भवती होखे के बात पता चलल। एकरा बाद पूरा मामिला खुल के सामने आ गइल। लईकी के संगे सामूहिक बलात्कार आ आरोपी सपा नेता होखला के बाद मामिला में तेजी आइल। सरकार आ जिला प्रशासन कार्रवाई में आ गइल आ भदरसा नगर अध्यक्ष मोईद खान आ ओकर नौकर राजू खान के गिरफ्तार क लिहल गइल। एतने ना, जिला प्रशासन मोईद खान के खिलाफ बुलडोजर कार्रवाई भी शुरू कs देले बा।

Tags :
Advertisement