For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लखनऊ में अबूधाबी के फ्लाइट के इमरजेंसी लैंडिंग: ईंधन खत्म होखला पs यात्रियन में मचल अफरातफरी

10:55 AM Jul 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
लखनऊ में अबूधाबी के फ्लाइट के इमरजेंसी लैंडिंग  ईंधन खत्म होखला पs यात्रियन में मचल अफरातफरी
Advertisement

लखनऊ के चौधरी चरण सिंह अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट पs बुध के अचानक हड़कंप मच गइल। ईंधन खत्म होखला पs अबूधाबी से दिल्ली जा रहल इतिहाद एयरवेज के इमरजेंसी लैंडिंग करावल गइल। एसे यात्रियन में अफरातफरी मचल रहल।

Advertisement

एयरपोर्ट प्रशासन बतवलस कि अबूधाबी के इतिहाद एयरवेज के एगो विमान के बहुत देर हवा में चक्कर काटे के बादो दिल्ली में लैंडिंग के अनुमति ना मिलल। एह बीच विमान के ईंधन खत्म होखे लागल तs ओकरा के लखनऊ डायवर्ट कs दिहल गइल। इहां पs विमान के इमरजेंसी लैंडिंग करावल गइल।

दिल्ली एयरपोर्ट पs एक संगे कइयन गो विमान पहुंचल 

इतिहाद एयरवेज के विमान EY-210 अबूधाबी से दिल्ली जात रहे। दिल्ली एयरपोर्ट पs एक संगे कइयन विमानन के पहुंचला के कारण EY-210 विमान उहां पहुंचके हवा में चक्कर लगावत रहे। बहुत देर तक विमान के उतरला के अनुमति दिल्ली एटीसी ना देलस।

एह बीच विमान के ईंधन समाप्त होखे लागल। पायलट तुरंत लखनऊ एटीसी से संपर्क कइलस। एटीसी से अनुमति मिलतही बुध के सांझ चार बजे विमान के लैंडिंग लखनऊ के चौधरी चरण सिंह अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट पs करावल गइल। लखनऊ एयरपोर्ट पs लैंडिंग के बाद विमान में ईंधन भरल गइल। दिल्ली में ट्रैफिक सामान्य होखला के बाद लखनऊ से विमान सांझ सात बजे रवाना भइल।

Tags :
Advertisement