For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बीजेपी सांसद बृजभूषण शरण सिंह के बेटा के काफिला के कार से एक्सीडेंट

12:16 PM May 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
बीजेपी सांसद बृजभूषण शरण सिंह के बेटा के काफिला के कार से एक्सीडेंट
Advertisement

Advertisement

भाजपा सांसद बृज भूषण शरण सिंह के बेटा आ भाजपा उम्मीदवार करण भूषण शरण सिंह के काफिला के कार से एगो बड़हन हादसा हो गइल बा. फॉर्च्यूनर कार 3 गो लईकन के कुचल देले बा। एह हादसा में दू गो लईका के मउत हो गइल बा आ एगो घवाहिल हो गइल बा.

दुर्घटना कहाँ भइल?

ई हादसा यूपी के गोंडा के कर्नलगंज हुजूरपुर रोड पs बैकुंठ डिग्री कॉलेज के लगे भइल. मौका पs भारी भीड़ जुट गईल बा अवुरी गांव के लोग फॉर्च्यूनर कार के अपना कब्जा में ले लेले बाड़े। मौका पs भारी संख्या में पुलिस बल पहुंचल बा अवुरी लईका के शव के कब्जा में लिहल गईल बा।

Tags :
Advertisement