For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Cyber Crime: एसीपी के बेटा ले 24 घंटा डिजिटल अरेस्ट कs के ठगलसs, दु बेर में 1.07 लाख रुपिया अइठलस, सुनवले रहे अइसन कहानी

07:00 AM Jun 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
cyber crime  एसीपी के बेटा ले 24 घंटा डिजिटल अरेस्ट कs के ठगलसs  दु बेर में 1 07 लाख रुपिया अइठलस  सुनवले रहे अइसन कहानी
Advertisement

साइबर जालसाज जिलन में तैनात सहायक पुलिस आयुक्त (एसीपी) रमेश चंद्र पांडे के बेटा शुभम पांडे के 24 घंटा तक डिजिटल अरेस्ट कs के दु बेर में 1.07 लाख रुपिया ठग लेलस। आरोपी खुद के सीमा शुल्क विभाग के अधिकारी बतावत मलयेशिया भेजल गइल पार्सल में संदिग्ध वस्तु मिलला के बात से शुभम के डेरववलस। एकरा बाद पीड़ित खाता में पइसा ट्रांसफर कs देलस। पीड़ित के ओर से बुध के रात सूरजपुर थाजा में रिपोर्ट दर्ज करावल गइल बा। पुलिस ममिला के जांच कs रहल बिया।

Advertisement

एसीपी रमेश चंद्र पांडे सेक्टर-108 इस्थित पुलिस कमिश्नर कार्यालय में तैनात बाड़ें। सूरजपुर पुलिस के दिहल शिकायत में शुभम पांडे बतवलें कि 16 जून के दुपहरिया बाद ओकरा लगे फोन आइल। फोन करे वाला मुंबई हवाई अड्डा के सीमा शुल्क विभाग से कॉल करे के बात कहलस। संगही बतवलस या कि उनका नाम से एगो पार्सल मलयेशिया भेजले जा रहल बा। जांच में पार्सल में एटीएम कार्ड, लैपटॉप के संगही कुछ संदिग्ध वस्तु मिलल बा।

कॉलर कहलस कि एह तरे के सामान मिलला पs लमहर सजा के प्रावधान बा। ई सुनके ऊ डेरा गइल। पार्सल ना भेजे के बात कहला पs कॉलर कहलस कि पार्सल पs शुभम पांडे आ फोन नंबर लिखल बा। कॉलर उनका पेनल्टी चुकावे के कहलस आ अइसन ना कइला पs सख्त कानूनी कार्रवाई के चेतावनी देलस। एकरा बाद शुभम बतावल गइल खाते में दु बेर में 1.07 लाख ट्रांसफर कs दिहल।

Tags :
Advertisement