टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Siwan News: अवैध कोचिंग संस्थान के संचालकन पs होई कार्रवाई, विभाग लिस्ट तइयार करे के देलस आदेस 

09:46 AM Sep 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सीवान। शहरी क्षेत्र के अलावा ग्रामीण इलाकन में बिना रजिस्ट्रेशन के सईयन कोचिंग संस्थान चलावल जा रहल बा। एह सब कोचिंग संस्थान के संचालकन के ऊपर शिक्षा विभाग जल्दिये कार्रवाई करी। शिक्षा विभाग के ओर से एह सब कोचिंग के सूची तइयार कइल जा रहल ब। एह सभन से रजिस्ट्रेशन खातिर शिक्षा विभाग आवेदन मांगल गइल रहे। रजिस्ट्रेशन करावे खातिर एक महीना के समय दिहल गइल रहे।

Advertisement

 

बाकिर, अधिकांश कोचिंग संचालकन के ओर से अभी ले रजिस्ट्रेशन नइखे करावल गइल। रजिस्ट्रेशन करावे खातिर 15 दिन खातिर तिथि में विस्तारो कइल गइल बा। बावजूद एकरा कोचिंग संस्थान के संचालक रजिस्ट्रेशन नइखे करावल गइल बा।

संचालकन के भेजल जाई नोटिस

शिक्षा विभाग एह सभन के उपर नकेल कसे के तइयारी सुरू कs देले बा। बिना रजिस्ट्रेशन वाला कोचिंग संस्थान के संचालकन के अब नोटिस भेजल जाये लागल बा। संगही शिक्षा विभाग के ओर से सूची तइयार कइल जा रहल बा। सीवान जिला में छठा से लेकर 12वीं क्लास तक के एकेडमी कोचिंग सेंटर के अलावे सरकारी नौकरी के तइयारी करावे वाला सइयन गो कोचिंग संस्थान बा। जवना में एसएससी, बैंक, बीपीएससी, यूपीएससी सहित अलग-अलग तइयारी करावल जाला।

कोचिंग संचालकन के सूची तइयार करे के आदेस 

जिला शिक्षा पदाधिकारी बतवलें कि सब प्रखंड के प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी के अइसन कोचिंग संचालकन के सूची तइयार करे के निरदेस दिहल गइल बा। जे केहू रजिस्ट्रेशन नइखे करवले, ओह सब लोगन के ऊपर कार्रवाई होई।

Tags :
Action to be taken on Illegal Coaching InstitutesBhojpuri Newseducation newssiwan news
Advertisement
Next Article