टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

एक्टर गोविंदा के लागल गोली, अस्पताल में करावल गइल भरती

09:51 AM Oct 01, 2024 IST | Minee Upadhyay
एक्टर गोविंदा के लागल गोली: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

बॉलीवुड अभिनेता अवुरी शिवसेना के नेता गोविंदा से जुड़ल बुरा खबर सोझा आईल बा। अभिनेता के गोली लाग गइल बा. बतावल जाता कि उनुका गोड़ में उनुका खुद के बंदूक से गोली लागल बा। घटना के सूचना सबेरे 4.45 बजे के बतावल जाता। अभिनेता सबेरे कहीं जाए खातीर घर से निकलत रहले कि ओही घरी मिस फायर हो गईल अवुरी उs घाही हो गईले। एकरा तुरंत बाद उनुका के हड़बड़ी में क्रिटी केयर अस्पताल में भरती करावल गईल। पुलिस के मुताबिक गोलीबारी के बाद पुलिस मौका पs पहुंचल।

पुलिस मामला के जांच में जुटल 

अब पुलिस एs मामला के जांच शुरू कs देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि गोविंदा के बंदूक जब्त हो गईल बा अवुरी मामला के गहराई से जांच कईल जाता। फिलहाल गोविंदा के गोड़ से बहुत खून बहल बा, जवना के चलते उनुकर हालत खराब बतावल जाता। बिगड़त हालत के देखत फिलहाल उनुका के क्रिटी केयर अस्पताल अंधेरी में भरती करावल गइल बा.

 

 

 

 

 

 

 

Tags :
Actor Govinda was shotBollywood ActorBollywood newsEntertainmentGovindagovinda Bollywood actor
Advertisement
Next Article