For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Actor Govinda: हादसा के बाद गोविंदा जारी कइलें बयान, डॉक्टरन के जतवलें आभार

11:21 AM Oct 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
actor govinda  हादसा के बाद गोविंदा जारी कइलें बयान  डॉक्टरन के जतवलें आभार
Advertisement

अभिनेता गोविंदा के संगे आज मंगर के सबेरे हादसा हो गइल। ऊ सबेरे कोलकाता खातिर रवाना होत रहस। एह दौरान ऊ अपना लाइसेंसी रिवॉल्वर के केस में रखत रहस कि अचानक रिवॉल्वर जमीन पs गिर गइल आ मिसफायर भइल। एह दौरान अभिनेता के गोड़ में गोली लाग गइल। उनका के नजदीकी अस्पताल में भर्ती करावल गइल। डॉक्टर लोग बुलट निकाल देले बा आ गोविंदा खतरा से बाहर बा। हादसा के बाद खुद गोविंदा बयान जारी कइले बाडें आ प्रशंसकन आ डॉक्टरन के आभार जतवलें बाडें।

Advertisement

प्रशंसकन के कहलें शुक्रिया

गोविंदा हादसा के बाद अस्पताल से बयान जारी कs के कहलें कि, 'नमस्कार, प्रणाम, हम हई गोविंदा। रउआ सभे के आसिरबाद आ बाबा के आसिरबाद। गोली लागल रहे।  बाकिर, गुरू के किरपा से गोली निकाल दिहल गइल बा। हम धन्यवाद देत बानी इहां के डॉक्टरन के। रउआ सभे के प्रार्थना खातिर रउआ सभे के धन्यवाद आ आभार'।

Tags :
Advertisement