टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कब ले चलत रही कूलर: कर्ज ना चुकवले पs एक्टर राजपाल के करोड़ों के संपत्ति सील, बैंक वाला घर पs लगवले ताला

09:13 AM Aug 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

मुंबई के सेंट्रल बैंक ऑफ इंडिया के टीम बॉलीवुड अभिनेता राजपाल यादव के कोर्ट के लगे सेठ एन्क्लेव कॉलोनी में स्थित करोड़ों रुपिया के संपत्ति के लोन ना चुकावे के चलते सील कs देलस। फिल्म के निर्माण खातिर राजपाल तीन करोड़ के लोन लेबे खातिर प्रॉपर्टी पेपर खातिर आवेदन कइले रहले.

राजपाल एह फिलिम के निर्माण अपना माता-पिता के नाम पs बनल श्री नौरंग गोदावरी एंटरटेनमेंट लिमिटेड प्रोडक्शन हाउस में कइले रहले. ई प्रोडक्शन हाउस उनुका पत्नी राधा यादव के नाम पs बा. फिल्म के निर्देशन के संगे राजपाल अवुरी ओम पुरी मुख्य भूमिका में देखाई देले। शाहजहांपुर के तमाम कलाकारन के एह फिलिम में काम करे के मौका मिलल.

बतावल जाता की फिल्म के निर्माण खातीर अभिनेता मुंबई के सेंट्रल बैंक ऑफ इंडिया से तीन करोड़ रुपिया के लोन लेले रहले। उs जमीन अवुरी इमारत के गारंटी के तौर पs अपना पिता के नाम पs गिरवी रखले रहले। कर्जा ना चुकावे के चलते भारतीय केंद्रीय बैंक, बांद्रा कुर्ला कांप्लेक्स, मुंबई शाखा के टीम 8 अगस्त के सदर बाजार थाना में बल के मांग करत चिट्ठी भेजले रहे। बाद में बैंक टीम सेठ एन्क्लेव में स्थित करोड़ों के संपत्ति के बिना पुलिस के संगे लेके चुपके से सील कs देलस। टीम स्थानीय अधिकारी के सूचना नईखे देले। सूत्र के मुताबिक राजपाल तीन करोड़ के कर्जा लेले रहले जवन कि बढ़ के 11 करोड़ हो गईल बा।

गेट लॉक पs सील लगावल गइल

राजपाल यादव की संपत्ति कचहरी ओवरब्रिज के लगे बा। बाहरी इलाका एगो संगमरमर बेचे वाला के किराया पs दिहल गइल बा. बैंक टीम भवन के गेट पs लागल ताला के सील कs देले बिया। जल्दबाजी में भईल एक्शन के चलते भीतर चलत कूलर भी बंद ना रहे। बतावल जाता कि टीम एगो बैनर लगवले रहे, जवना पs बैंक के नाम संपत्ति लिखल रहे। सोमार के दिने ओहिजा अइसन कवनो चिट्ठी भा बैनर लगावल ना मिलल.

 

 

Tags :
actoractor rajpalactor rajpal propertyCentral Bank of India Mumbaiमुंबई
Advertisement
Next Article