टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Actor's suicide: कैंसर पीड़ित एक्टर फिल्म आ सीरियल में काम कs चूकल बाड़े ; काल्ह मुंबई से काशी आइल रहले

05:22 PM Aug 26, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

वाराणसी जिला में एगो एक्टर अपना कमरा में फांसी लगा के आत्महत्या कs लिहले। ऊ काल्ह ही मुंबई से बनारस पहुंचल रहले। रात के खाना खइला के बाद ऊ सुते कह के कमरा में चल गइले। सबेरे उनकर लाश फंदा से लटकल मिलल।

Advertisement

वाराणसी जिला के लक्सा थाना के मिसिर पोखरा में फांसी लगा के एगो एक्टर आत्महत्या कs लिहले। युवक के पहचान जय सिंह के बेटा नितिन सिंह (39) के रूप में भइल बा। रात के साढ़े दस बजे मुंबई से घर पहुंचले। रात के खाना खइला के बाद ऊ अपना पत्नी के बतवले कि उनका तबियत ठीक नइखे लागत आ ऊ सूते जात बाड़े।

देर रात फांसी लगा के आत्महत्या कs लिहले। सबेरे जब बड़ भाई कमरा के दरवाजा खोलले तs भीतर के नजारा देख के उनका पैर से जमीन खिसक गइल। घर के दोसर लोग जब उनकर चीख सुन के कमरा में पहुँचल तs नितिन फंदा से लटकल रहले। ए घटना से परिवार में कोहराम मच गइल।

नितिन के बड़ भाई राहुल सिंह पुलिस के घटना के जानकारी देले। सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंचल आ लाश निकालवा देलस। नितिन के निधन के बाद पिता जय सिंह, माता सुमन सिंह, बड़ भाई राहुल सिंह आ पत्नी श्वेता सिंह बुरी तरह से रोवत बाड़े। मरेवाला के तीन बेटा बा। छोटका बेटा ढाई साल के बा।

बड़ भाई बतवले कि नितिन मुंबई के फिल्म इंडस्ट्री से जुड़ल बाड़े। ऊ धारावाहिक देवो के देव महादेव में अभिनय कइले रहले। एकरा अलावे ऊ कई गो धारावाहिक में किरदार निभवले रहले। दू साल पहिले नितिन के ब्लड कैंसर के पता चलल रहे जवना के इलाज चलत रहे। बीमारी के चलते तनाव में रहे। आशंका बा कि शायद उहे अवसाद के चलते आत्महत्या के कदम उठवले होईहे। लक्सा पुलिस बॉडी के पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया।

Tags :
ActorsBhojpuri khabardevo ke dev mahadev serialKhabar Bhojpuri Newssuicide newsVaranasi News
Advertisement
Next Article