For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

BHU में पीजी कोर्स खातिर एडमिशन प्रक्रिया शुरू , अइसे रजिस्ट्रेशन करी, जानी पूरा प्रक्रिया

10:40 AM May 06, 2024 IST | Raj Nandani
bhu में पीजी कोर्स खातिर एडमिशन प्रक्रिया शुरू   अइसे रजिस्ट्रेशन करी  जानी पूरा प्रक्रिया
Advertisement

बीएचयू के जनसंपर्क अधिकारी डॉ. राजेश सिंह बतवले कि सीयूईटी पीजी परीक्षा में आवे वाला अभ्यर्थी 4 मई 2024 से 25 मई 2024 तक रात 11:59 बजे से एकरा खातीर रजिस्ट्रेशन करा सकतारे।

Advertisement

बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय में पीजी कोर्स में दाखिला खातिर रजिस्ट्रेशन के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा । शैक्षणिक सत्र 2024-25 के इच्छुक उम्मीदवार जे एनटीए के ओर से सीयूईटी परीक्षा में शामिल भइल बाड़े आ जवन पात्र बाड़े, उ विश्वविद्यालय के वेबसाइट प जाके प्रवेश खातीर रजिस्ट्रेशन करा सकतारे। एकरा खातीर विश्वविद्यालय एगो अधिसूचना जारी कइले बिया।

बीएचयू के जनसंपर्क अधिकारी डॉ. राजेश सिंह बतवले कि सीयूईटी पीजी परीक्षा में आवे वाला अभ्यर्थी 4 मई 2024 से 25 मई 2024 तक रात 11:59 बजे से एकरा खातीर रजिस्ट्रेशन करा सकतारे। रजिस्ट्रेशन के समय जरूरी फीस के भुगतान भी ऑनलाइन मोड के माध्यम से करे के होई। एकरा खातिर विस्तृत जानकारी बीएचयू के वेबसाइट प दिहल गइल बा ।

अइसे रजिस्ट्रेशन करावे के बा

पीजी कोर्स में दाखिला खातिर , रजिस्ट्रेशन करावे खातिर सबसे पहिले विद्यार्थियन के विश्वविद्यालय के वेबसाइट www.bhu.ac.in/Site/AdmissionCounselling/ प जा के पीजी पंजीकरण सह काउंसलिंग-2024 के नीचे अब आवेदन के बटन प क्लिक करे के पड़ी । एकरा बाद उम्मीदवार के रजिस्ट्रेशन से पहिले वेब पोर्टल प उपलब्ध बीएचयू सूचना बुलेटिन 2024 के ध्यान से पढ़े के होई। जवना के बाद उहाँ रजिस्ट्रेशन करावे के होई सीयूईटी-पीजी के स्कोर कार्ड जरूरी बा, रजिस्ट्रेशन खातीर एनटीए के ओर से आयोजित परीक्षा सीयूईटी-पीजी के स्कोर कार्ड होखल अनिवार्य होई। काहे कि एकरा के वेबसाइट पर अपलोड करे के पड़ी।

Tags :
Advertisement