टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IND vs AFG: अफगानिस्तान के खिलाफ जीत के चौका लगावे उतरी भारत, जानीं कब-कहां देखल जा सकी लाइव मैच

10:32 AM Jun 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

खबर भोजपुरी स्पोर्ट्स डेस्क। टी-20 विश्व कप 2024 में आज भारत के सामना सुपर-8 में अफगानिस्तान से होई। ई मैच बारबाडोस में खेलल जाई। दुनो टीम सुपर-8 में ग्रुप-1 में बाड़ी सs। भारत खातिर अफगानिस्तान के चुनौती आसान ना होई। हालांकि, टीम इंडिया ग्रुप-स्टेज के तीन मैच जीतके इहां आइल बिया, जबकि अफगानिस्तान के वेस्टइंडीज के खिलाफ हार के सामना करे के पड़ल रहे। टीम इंडिया एह मैच के जीतके सेमीफाइनल खातिर आपन दावा मजबूत कइल चाही।

Advertisement

दुनो टीमन के आंकड़ा

दुनो टीमन के बीच अब तक टी-20 में कुल आठ मुकाबला खेलल गइल बा। एमे से टीम इंडिया सात मैच जीतले बिया। ओहिजा, एक मैच के कवनो नतीजा ना निकलल। टी-20 विश्व कप में दुनो टीम तीन बार आमने-सामने आ चुकल बिया। भारतीय टीम तीनो मैच जीतले बिया। अइसन में टीम इंडिया अफगानिस्तान के खिलाफ जीत के चौका लगावे उतरी। एतनही ना दुनो के बीच पिछला तीन मैच भारत जीतले बा।

एही साल जनवरी में भारत अफगानिस्तान के हरवले रहे

एही साल जनवरी में अफगानिस्तान के टीम भारत के दौरा पs आइल रहे। तब तीन मैचन के सीरीज खेलल गइल रहे आ भारत सीरीज 3-0 से अपना नावे कइले रहे। सीरीज के आखिरी मुकाबला डबल सुपरओवर में गइल रहे, जवन टीम इंडिया जीतले रहे। एहु हिसाब से भारतीय टीम अफगानिस्तान के खिलाफ लगातार चार मैच जीते उतरी। सुपर-8 खातिर टीम इंडिया में कुछ बदलावो हो सकत बा। कुलदीप यादव भा युजवेंद्र चहल में से केहू एगो के खेले के मवका मिल सकत बा।

हमनी के भारत बनाम अफगानिस्तान टी-20 विश्व कप 2024 के सुपर-8 मैच के लाइव टेलीकास्ट से जुड़ल सब जानकारी रउआ के इहां दे रहल बानी सs...

कब बा भारत बनाम अफगानिस्तान के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के सुपर-8 मुकाबला?

भारत बनाम अफगानिस्तान के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के सुपर-8 मुकाबला 20 जून माने बियफे के खेलल जाई।

कहां खेलल जाई भारत बनाम अफगानिस्तान के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के सुपर-8 मुकाबला?

भारत बनाम अफगानिस्तान के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के सुपर-8 मैच बारबाडोस के केनसिंगटन ओवल स्टेडियम में खेलल जाई।

कब सुरू होई भारत बनाम अफगानिस्तान के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के सुपर-8 मुकाबला?

भारत बनाम अफगानिस्तान के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के सुपर-8 मुकाबला भारतीय समयानुसार रात आठ बजे से खेलल जाई। टॉस सांझ के साढ़े सात बजे होई।

कवना टीवी चैनल पs प्रसारित होई मैच?

स्टार स्पोर्ट्स के लगे टी-20 विश्व कप 2024 के प्रसारण के अधिकार बा। अंग्रेजी में लाइव कमेंट्री स्टार स्पोर्ट्स 1 एचडी/एसडी पs आ हिंदी कमेंट्री स्टार स्पोर्ट्स हिंदी एचडी/एसडी पs उपलब्ध होई। स्टार स्पोर्ट्स चैनल हिंदी आ अंग्रेजी के अलावे बंगाली, कन्नड़, तेलुगु आ तमिल सहित अउरियो भाषा में लाइव कमेंट्री प्रदान करी। ओहिजा, डीडी फ्री डिश इस्तेमाल करे वाला दर्शक डीडी स्पोर्ट्स पs फ्री में भारत के मैचन के अलावे सेमीफाइनल आ फाइनल मुकाबला देख सकी लो।

फोन भा लैपटॉप पs कइसे देख सकत बानी लाइव मैच?

एह मैच के लाइव-स्ट्रीमिंग डिज्नी प्लस हॉटस्टार (Disney Hotstar) एप पs देखल जा सकत बा। लैपटॉप भा स्मार्ट टीवी पs देखे खातिर पइसा देकर सब्सक्रिप्शन लेवे के पड़ी।

Tags :
Bhojpuri Newscricket newsIND Vs AFGlive telecastSuper 8T-20 World Cup 2024team india
Advertisement
Next Article