टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Breaking : बांग्लादेश के हरा अफगानिस्तान T-20 वर्ल्ड कप के सेमीफाइनल में, ऑस्ट्रेलिया बाहर

10:57 AM Jun 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

खबर भोजपुरी स्पोर्ट्स डेस्क: अफगानिस्तान ICC टी-20 वर्ल्ड कप 2024 के सुपर-8 स्टेज के आखिरी मुकाबला में बांग्लादेश के आठ रन से हरा देलस। एही के संगे अफगान टीम सेमीफाइनल में पहुंच गइल बिया।

Advertisement

अफगानिस्तान टॉस जीतके पहिले बैटिंग के फैसला लेलस आ बांग्लादेश के 116 रन के टारगेट देले रहे। हालांकि मैच में बारिश के बाद एक ओवर काट लिहल गइल आ बांग्लादेश के रिवाईजड टारगेट 19 ओवर में 114 रन के टारगेट मिलल। लिट्टन दास के संघर्षपूर्ण अर्धशतकीय प्रयास के आखिर में नवीन उल हक लगातार दु गेना में नवा आ दसवा विकेट लेके नाकाम कs देलें।

सुपर आठ में खाली भारत से हारल अफगानिस्तान

बता दीं कि लीग स्टेज में न्यूजीलैंड के बाहर करे वाली अफगानिस्तान के टीम सुपर आठ में सानदार खेल देखवलस। पहिला मैच में ओकरा भलहीं भारत से 47 रन से हार मिलल, दुसरका मैच में ऑस्ट्रेलिया के हरा के टीम इतिहास रच देलस। भारत से ऑस्ट्रेलिया के हार बाद अफगानिस्तान के खाली बांग्लादेश के ऊपर जीत के जरूरत रहे।

अब सेमीफाइनल के दुनो मैच तय हो गइल बा। भारत के सामना इंग्लैंड से आ अफगानिस्तान के सामना दक्षिण अफ्रीका से होई।

Tags :
AFG Vs BANAfganistan Enters SemifinalAfganistan qualifies for SemifinalAustraliaenglandHistoric Day For Afganistan CricketindiaRashid Khansouth africaT-20 World Cup 2024
Advertisement
Next Article