For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अफगानिस्तान टी-20 वर्ल्ड कप के सुपर-8 में कइलस क्वालिफाई: गुलबदीन नाइब छक्का लगाके दिलवलें जीत

10:44 AM Jun 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
अफगानिस्तान टी 20 वर्ल्ड कप के सुपर 8 में कइलस क्वालिफाई  गुलबदीन नाइब छक्का लगाके दिलवलें जीत
Advertisement

खबर भोजपुरी स्पोर्ट्स डेस्क। टी-20 वर्ल्ड कप के सुपर-8 में अफगानिस्तान जगह बना लेले बा। टीम ई कारनामा पापुआ न्यू गिनी के सात विकेट से हराके कइलस।

Advertisement

टॉस जीतके अफगानिस्तान गेंदबाजी करे के फैसला कइलस। पहिले बल्लेबाजी करत पापुआ न्यू गिनी 19.5 ओवर में 95 रन पs ऑलआउट हो गइल। फजलहक फारूकी चार ओवर के स्पेल में 16 रन देके तीन विकेट लेलें। जवाब में अफगानिस्तान 15.1 ओवर में तीन विकेट खोके टारगेट चेज कs लेलस। गुलबदीन नाइब नाबाद 49 रन के पारी खेललें।

पापुआ न्यू गिनी के पारीः 4 बल्लेबाज रनआउट

टीम के ओर से सानदार गेंदबाजी देखे के मिलल। पापुआ न्यू गिनी पावरप्ले में मात्र 30 रन बनवलस आ पांच विकेट गवा देलस। एकरा बाद चाड सोपर आ किपलिंग डोरिगा पारी के संभारे के कोसिस कइल लो। बाकिर, 10वां ओवर में चाड सोपर के नूर अहमद रनआउट कs देलें।

आठवां विकेट खातिर एली नाओ आ डोरिगा के बीच सबसे जादे 38 रन के साझेदारी भइल। एह साझेदारी के नूर अहमद तुड़लें। ऊ डोरिगा के 27 रन पs LBW कइलें। टीम 19.5 ओवर में 95 रन बना सकल। टीम के चार बल्लेबाज रनआउट भइल लो। फारूकी चार विकेट लेलें। ओहिजा, नवीन उल हक के दु विकेट मिलल। जबकि नूर अहमद के एगो सफलता मिलल।

दुनो टीमन के प्लेइंग इलेवन-11

पापुआ न्यू गिनी- असद वाला (कप्तान), टोनी उरा, लेगा सियाका, सेसे बाऊ, हिरी हिरी, चाड सोपर, किपलिंग डोरिगा, नॉर्मन वनुआ, एली नाओ,जॉन कारिको, सेमा कामिया।

अफगानिस्तान- राशिद खान (कप्तान), इब्राहिम जादरान, गुलबदीन नैब, अजमतुल्लाह ओमरज़ाई, मोहम्मद नबी, नजीबुल्लाह जादरान, करीम जनत, राशिद खान, नूर अहमद, नवीन-उल-हक़, फजलहक फारूकी

Tags :
Advertisement