For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अइसन भइल बरखा की ढह गईल पुल, बिहार के बाद अब झारखंड के घटना

06:19 PM Aug 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
अइसन भइल बरखा की ढह गईल पुल  बिहार के बाद अब झारखंड के घटना
Advertisement

Advertisement

बिहार के बाद अब झारखंड में भी पुल गिरे के घटना सोझा आईल बा। पुल गिरे के घटना बोकारो जिला में भइल जहाँ लगातार बरखा के चलते एगो पुल अचानक गिर गइल. 2014 में बनल 300 मीटर लंबा इs पुल गोमिया ब्लॉक में फैलल बा, जवन बोकारो के लालपनिया अवुरी गिरिडीह जिला के डुमरी के जोड़त बा। पुल गिरला के घटना शनिचर के दिने भइल जवना में पुल के करीब 20-30 फीट के हिस्सा गिर गइल. पुल के गिरला के चलते लोग के परिवहन में समस्या के सामना करे के पड़ता।

पुल आ सड़क बह गइल

घटना पs बेरमो के अनुमंडल अधिकारी अशोक कुमार बतवले कि घटना के जांच खातीर जांच समिति बनावल गईल बा। उs कहले कि पछिला दु दिन में भईल भारी बरखा के चलते पूरा झारखंड में बहुत नुकसान भईल बा। राज्य के बहुत सड़क बह गईल, पेड़ उखड़ गईल अवुरी घर के नुकसान पहुंचल। तबाही के बावजूद कवनो तरह के जानमाल के नुकसान के कवनो खबर नईखे।

बरखा के चलते गुमला अवुरी लोहरदगा के जोड़े वाला कांड्रा गांव के नजदीक सड़क के डायवर्सन भी बह गईल। चैनपुर प्रखंड में एगो अवुरी डायवर्सन भी टूट गईल, जवना से पांच गांव के करीब 15 हजार निवासी प्रभावित हो गईले। निचला इलाका में बहुत घर के नुकसान पहुंचल बा।

बरखा के चलते चेतावनी जारी

दामोदर आ भैरवी नदी में पानी के स्तर बढ़ला के चलते रामगढ़ के अधिकारियन के ओर से रजरप्पा मंदिर तीर्थ स्थल खातिर अलर्ट जारी कइल गइल बा. मंदिर के मुख्य पुजारी अजय पांडा के मुताबिक भक्त के दामोदर नदी के किनारे निकास द्वार से बचे के सलाह दिहल जाता। हाल के बरखा के चलते राज्य में बरखा के घाटा 19 फीसदी हो गइल बा जवना के भारत के मौसम विभाग (आईएमडी) सामान्य मानत बा. एक जून से 3 अगस्त ले झारखंड में 435.7 मिमी बरखा भइल बा जबकि सामान्य 538.7 मिमी बरखा भइल बा।

Tags :
Advertisement