For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दुर्गा विसर्जन के बाद बिहार में भइल 4 हाथ-पैर वाला बच्चा के जन्म

01:16 PM Oct 14, 2024 IST | Sonu Kishor
दुर्गा विसर्जन के बाद बिहार में भइल 4 हाथ पैर वाला बच्चा के जन्म
बिहार में जनम लेलस चार गोर आ तीन कान वाला लइका
Advertisement

बिहार के अररिया जिला के भरगामा प्रखंड में चार हाथ चार गोड़ अउरी तीन कान वाला बच्चा के जन्म भइल। स्थानीय लोग एकरा के दिव्य चमत्कार कह रहल बाड़े। लोग लइका के भगवान के अवतार कह रहल बा। असल में भरगामा प्रखंड के रहदिया वार्ड नम्बर 9 निवासी किशोर राय के पत्नी सुलेखा देवी रानीगंज सामुदायिक अस्पताल में एगो बच्चा के जन्म देले बाड़ी। जेकर एक माथा चार हाथ चार गो गोड़ आ तीन कान बा। गाँव के लोग के कहनाम बा कि देवी दुर्गा के विसर्जन के बाद ए बच्चा के जन्म देवी दुर्गा के आगमन हऽ।

Advertisement

महिला लोग के कहनाम रहे कि माई के अपार कृपा के चलते विसर्जन के बाद देवी दुर्गा फिर से आपन रूप धारण कऽ के एह माई के गर्भ से जन्म लेहली। जवना से पूरा गांव के रक्षा होई। मिलल जानकारी के मुताबिक जन्म के बाद दूर-दूर से आके लोग पूजा कर रहल बाड़े आ चंदो दे रहल बाड़े।

गाँव के लोग प्रकृति के चमत्कार बतवले

स्थानीय गांव के लोग बतवले कि ए अद्भुत बच्चा के जन्म के बाद कुछ लोग एकरा के प्रकृति के चमत्कार कहतारे तऽ कुछ लोग एकरा के भगवान के अवतार कहतारे। अस्पताल से लेके रहदिया गांव तक एह बच्चा के देखे खातिर लोग के भीड़ बा। नर्स परिवार के जानकारी देली कि बच्चा सामान्य नइखे, बलुक एगो अनोखा बच्चा हऽ। बच्चा के जन्म के खबर पूरा इलाका में आग नियन फइल गइल बा।

Tags :
Advertisement