टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चुनाव के बाद राउर मोबाइल बिल 25% बढ़ सकता, एकर कारण जान लीं

01:20 PM May 14, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

दूरसंचार कंपनी साल 2019 से 2023 के बीच तीन बेर टैरिफ बढ़ा दिहले बाड़ी स । अब चउथा बेर एकरा के बढ़ावे के तइयारी में लागल बिया । मानल जाता कि मोबाइल के बिल में 25 प्रतिशत तक के बढ़ोतरी हो सकता। एहसे एह कंपनियन के प्रति यूजर रेवेन्यू बढ़ावे में मदद मिली ।

Advertisement

आम चुनाव के बाद मोबाइल फोन के इस्तेमाल करेवाला लोग के बड़ झटका लाग सकता। इनकर बिल में करीब 25% के बढ़ोतरी हो सकता। दूरसंचार कंपनी हाल में साल के चउथा बेर टैरिफ बढ़ावे के तइयारी में लागल बाड़ी स । साल 2019 से 2023 के बीच ए कंपनी के टैरिफ में तीन गुना बढ़ोतरी भइल रहे। एहसे उनकर औसत राजस्व प्रति उपयोगकर्ता (एआरपीयू) में बढ़ोतरी होई। ब्रोकरेज फर्म एक्सिस कैपिटल के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, दूरसंचार कंपनी जल्दिए टैरिफ में बहुत बढ़ोतरी क सकतारी। ई कंपनी 5जी में बहुते निवेश कइले बाड़ी सँ आ अब ओह लोग के आपन मुनाफा बढ़ावे के जरूरत बा । एहसे शहरी घर खातिर दूरसंचार प ग्राहकन के खरचा 3.2% से बढ़ के 3.6% हो जाई जबकि ग्रामीण ग्राहकन खातिर ई 5.2% से बढ़ के 5.9% हो जाई ।

एक्सिस कैपिटल के अनुमान बा कि लगभग 25% के टैरिफ बढ़ला से टेल्को खातिर एआरपीयू में 16% के बढ़ोतरी होई। भारती एयरटेल खातिर ई 29 रुपिया आ जियो खातिर 26 रुपिया होखी । देश के सबसे बड़ दूरसंचार कंपनी जियो मार्च तिमाही में 181.7 रुपया के एआरपीयू दर्ज कइलस। भारती एयरटेल आ वोडाफोन आइडिया (Vi) खातीर इ अक्टूबर-दिसंबर 2023 के अवधि खातीर क्रमशः 208 आ 145 रुपया प रहल। भारती एयरटेल आ वोडाफोन आइडिया अबहीं ले मार्च तिमाही के आंकड़ा जारी नइखे कइले ।

केकरा सबसे जादा फायदा होई?

डेलॉयट के दक्षिण एशिया में टीएमटी इंडस्ट्री लीडर पीयूष वैश कहले कि दूरसंचार संचालक टैरिफ बढ़ा के 5जी में आपन पूंजी निवेश के मुनाफा कमा सकेले। उ कहले कि, 'हमनी के उम्मेद बा कि ए कैलेंडर साल के अंत तक एआरपीयू में 10-15% के बढ़ोतरी होई।' इ लगभग 100 रुपया प्रति ग्राहक होई। एकरा खातिर कंपनी 4जी/5जी के टैरिफ बढ़ा दीहें आ कुछ कम लागत वाला पैक के चरणबद्ध तरीका से हटा दीहें । वैश कहले कि ए बढ़ोतरी के चलते ग्राहक के संख्या में गिरावट के कवनो संभावना नइखे। उ कहले कि, उपभोक्ता जब तक हाई स्पीड कनेक्टिविटी मिलत रही, तब तक दूरसंचार सेवा के पईसा देवे के तैयार रहीहे।

विश्लेषकन के अनुमान बा कि वायरलेस पैक के दाम बढ़ला से भारती एयरटेल आ जियो के सबसे जादे फायदा होई। कोटक इंस्टीट्यूशनल इक्विटीज के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, सितंबर 2019 से सितंबर 2023 के बीच इ दुनो कंपनी अपना एआरपीयू में क्रमशः 58% आ 33% के बढ़ोतरी कइले बिया, जबकि पिछला तीन टैरिफ बढ़ोतरी में दर में 14-102% के बढ़ोतरी भइल बा। एह दौरान वीआई में एआरपीयू में 33% के बढ़ती भइल जबकि कुल मिला के वायरलेस राजस्व में 7% के गिरावट आइल। मुंबई : ब्रोकरेज के एगो विश्लेषक बतवले कि वोडाफोन के ग्राहक के संख्या में लगातार गिरावट आइल बा, जवना के चलते टैरिफ बढ़ावे आ कम मूल्य के पैक के चलते ग्राहक अपग्रेड के फायदा ओकरा के खतम हो गइल बा। तीनों टैरिफ बढ़ावे के बावजूद कंपनी के वायरलेस राजस्व सितंबर 2019 से कम रहल बा।

Tags :
Bhojpuri khabarjiojio 5gKhabar Bhojpur NewsLatest Updatemobile billNew TechnologyNewsTech Newsबड़ी khabar
Advertisement
Next Article