कई महीना बाद एतना आक्रामक भइल यूक्रेन, रूस के कईगो क्षेत्र में एके साथे बरसवलस ड्रोन बम
दू साल के युद्ध के कई महीना बाद यूक्रेन अचानक रूस के प्रति बेहद आक्रामक हो गइल बा. यूक्रेन के सेना रात भर रूस के कई इलाकन पs ड्रोन से हमला कs दिहलस. एकरा चलते रूस के सभ इलाकन में दहशत फैल गईल। लोग आपन जान बचावे खातिर सुरक्षित जगह के ओर भागे लगले। रूस के अधिकारी ई जानकारी दिहले बाड़न. रूस के रक्षा मंत्रालय एगो बयान जारी कs कहलस कि ओकर हवाई रक्षा प्रणाली कई इलाका में 75 ड्रोन के 'नष्ट' कs देलस।
ई ड्रोन बेलगोरोड, क्रास्नोडार, कुर्स्क, ओर्योल, रोस्तोव, वोरोनिश आ रियाजान समेत कई इलाका में चलावल गइल जवन यूक्रेन के सीमा से सटल इलाका हवें। बयान में कहल गइल बा कि एहमें से एगो ड्रोन के आजोव सागर के ऊपर से गिरावल गइल बा. मंत्रालय के मुताबिक रूस के रोस्तोव क्षेत्र में 36 ड्रोन नष्ट हो गईल। रोस्तोव के गवर्नर वसीला गोलुबेव ऑनलाइन जारी बयान में कहले कि यूक्रेन कुल 55 ड्रोन से एs इलाका पs हमला कईले बा। हालांकि ई साफ नइखे भइल कि एहमें से कतना ड्रोन गिरावल गइल आ कतना ड्रोन अपना निशाना पs चहुँप गइल.