टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कई महीना बाद एतना आक्रामक भइल यूक्रेन, रूस के कईगो क्षेत्र में एके साथे बरसवलस ड्रोन बम

11:21 AM Aug 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

दू साल के युद्ध के कई महीना बाद यूक्रेन अचानक रूस के प्रति बेहद आक्रामक हो गइल बा.  यूक्रेन के सेना रात भर रूस के कई इलाकन पs ड्रोन से हमला कs दिहलस. एकरा चलते रूस के सभ इलाकन में दहशत फैल गईल। लोग आपन जान बचावे खातिर सुरक्षित जगह के ओर भागे लगले। रूस के अधिकारी ई जानकारी दिहले बाड़न. रूस के रक्षा मंत्रालय एगो बयान जारी कs कहलस कि ओकर हवाई रक्षा प्रणाली कई इलाका में 75 ड्रोन के 'नष्ट' कs देलस।

ई ड्रोन बेलगोरोड, क्रास्नोडार, कुर्स्क, ओर्योल, रोस्तोव, वोरोनिश आ रियाजान समेत कई इलाका में चलावल गइल जवन यूक्रेन के सीमा से सटल इलाका हवें। बयान में कहल गइल बा कि एहमें से एगो ड्रोन के आजोव सागर के ऊपर से गिरावल गइल बा. मंत्रालय के मुताबिक रूस के रोस्तोव क्षेत्र में 36 ड्रोन नष्ट हो गईल। रोस्तोव के गवर्नर वसीला गोलुबेव ऑनलाइन जारी बयान में कहले कि यूक्रेन कुल 55 ड्रोन से एs इलाका पs हमला कईले बा। हालांकि ई साफ नइखे भइल कि एहमें से कतना ड्रोन गिरावल गइल आ कतना ड्रोन अपना निशाना पs चहुँप गइल.

 

 

Tags :
Drone AttackPresident PutinrussiaRussia Ukraine Warukraine
Advertisement
Next Article