टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चिल्ड्रन बैंक ऑफ इंडिया: एक हजार हुक्का के डिलीवरी लेके थमा दिहलस आठ लाख के नकली नोट, शातिर गिरफ्तार

09:55 AM Feb 24, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

गाजियाबाद के राजनगर एक्सटेंशन में वीवीआईपी सोसाइटी के लगे तीन बदमाश एक हजार हुक्का के सौदा कs के डिलीवरी करे वाला आयुष के 8 लाख रुपिया के फर्जी नोट देके भाग गईले। घर पहुंचला के बाद जब आयुष आपन बैग खोलले तs ओकरा पs लिखल नोट - चिल्ड्रेन बैंक ऑफ इंडिया देख के उs चौंक गईले। घटना 21 फरवरी के हs। दिल्ली निवासी आयुष ए मामिला में नंदग्राम थाना में रिपोर्ट दर्ज करवले। पुलिस एगो शातिर आदमी के गिरफ्तार कs लेले बिया।

Advertisement

एसीपी नंदग्राम रवि कुमार सिंह बतवले कि पकड़ल गईल शातिर आदमी मध्य प्रदेश के पन्ना निवासी ब्रजभान हवे। हाल ही में उs गुरुग्राम के सेक्टर 12 सिविल लाइन्स में रहेले। पूछताछ के दौरान ब्रजभान बतवले कि उs अवुरी उनुकर दोस्त अयान गुरुग्राम के एगो बर्गर प्वाइंट पs काम करेले। अयान के दोस्त शहनवाज हs। जेकरा से उनुकर दोस्ती भी हो गईल।

शहनवाज केहु से 800 रुपिया के दर से एक हजार हुक्का खरीदे के सौदा कईले रहले। जवना के डिलीवरी उs अवुरी अयान राजनगर एक्सटेंशन में डिलीवरी लेवे आईल रहले। हुक्का से भरल बैग लेके उs नकली नोट आयुष के थमा देले अवुरी उहाँ से भाग गईले। एसीपी बतवले कि ब्रजभान से 80 नकली नोट बरामद भईल बा। उनुका दुनो सहयोगी के तलाशी लिहल जाता।

 

 

Tags :
Bhojpuri NewsChildren Bank of IndiaCrime NewsCrime news in Bhojpurifake notesGhaziabadVVIP Society
Advertisement
Next Article