टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली कोचिंग सेंटर में हादसा के बाद, 13 गो कोचिंग सेंटर सील, मालिक गिरफ्तार

01:24 PM Jul 29, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

नई दिल्ली : दिल्ली के राजेन्द्र नगर में कोचिंग सेंटर में भइल दुर्घटना के बाद 13 कोचिंग सेंटर, जवन कि इमारत के बेसमेंट में चलावल जात रहे, ओकरा के सील कऽ दिहल गइल। एह मामला में पांच गो आरोपी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। जवना में चार गो बिल्डिंग मालिक आ एगो थार वाहन मालिक शामिल बाड़े। गिरफ्तार आरोपी के नाम सरबजीत सिंह, तेजिंदर सिंह, परविंदर सिंह अवुरी हरविंदर सिंह बा। इहे चारो भवन के मालिक हऽ लो।

Advertisement

एक करोड़ के मुआवजा राशि दिहल जाई 

दिल्ली के राजेन्द्र नगर में छात्रन से भइल दुर्घटना के बाद पुलिस एह मामिला में कार्रवाई कइलस आ पाँच गो आरोपियन के गिरफ्तार कऽ लेहलस। एही बीच विद्यार्थियन के विरोध प्रदर्शनो जारी बा एह घटना में मरेवाला लोग के परिवार के एक-एक करोड़ रुपया के मुआवजा के रकम दिहल जाई आ घायल लोग के पचास लाख रुपया दिहल जाई।

एह सब पर कार्रवाई कइल गइल बा

करोल बाग में इस्थित 13 कोचिंग सेंटर के सील कर दिहल गइल बा। ई सब कोचिंग बिल्डिंग के बेसमेंट में चलावल जात रहे। भवन मालिक, कोचिंग संचालक आ समन्वयक के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल बा।

का बा मामला

दिल्ली के ओल्ड राजेंद्र नगर इस्थित कोचिंग सेंटर राव आईएएस स्टडी सर्किल के बेसमेंट में संचालित कोचिंग में तीन गो छात्रन के पानी में डूबे से मौत हो गइल। कोचिंग के सामने के सड़क पs पानी जमल रहे, बड़ गाड़ियन के यू- टर्न लेवे के दबाव के कारण पानी बेसमेंट के अंदर कांच के दरवाजा के तूड़ के, अचानक भर गइल। उहाँ करीब 35 छात्र- छात्रा उपस्थित रहलें। पानी के तेज बहाव के कारण शॉर्ट सर्किट से बिजलीयो चलल गइल। दु गो छात्रा आ एक छात्र के ओहिजा डूबके मौत हो गइल।

सब छात्र आईएएस के तइयारी करत रहले

मरेवाला में उत्तर प्रदेश के श्रेया यादव, बिहार के औरंगाबाद निवासी तान्या सोनी, केरल के छात्र नेविन डालविन शामिल बाड़े। सभे छात्र आईएएस के तइयारी खातिर कोचिंग में पढ़त रहले।

Tags :
Accident News in Delhibig breaking newsdelhiDelhi coachingDelhi newsKhabar Bhojpuri NewsUPSCUPSC Aspirants
Advertisement
Next Article