टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

NDA सरकार बनवला के बाद नीतीश कुमार लंदन खातिर रवाना हो जइहें... कब तक रहिहे आ बिहार के चलावे वाला?

10:13 AM Jun 06, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

नीतीश कुमार बुधवार के एनडीए के बैठक में शामिल होखे खातीर पटना से दिल्ली पहुंचल रहले। एनडीए के बइठक के बाद काल्ह खुदे पटना लवटे के रहले बाकी, नीतीश कुमार सिर्फ दिल्ली में ही रहतारे।

Advertisement

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बारे में बड़ी खबर आ रही है। सूत्र बतावत बाड़े कि नीतीश कुमार एक बेर फेर लंदन जाए वाला बाड़े। काल्ह नीतीश कुमार एनडीए के बइठक में शामिल होखे खातिर पटना से दिल्ली चहुँपल रहले। एनडीए के बइठक के बाद काल्ह खुदे पटना लवटे के रहे । बाकी, नीतीश कुमार दिल्ली में ही रह गइल बाड़े। मानल जाता कि लंदन जाए से पहिले नीतीश कुमार जदयू के कोटा से मोदी मंत्रिमंडल में शामिल होखेवाला मंत्रियन के सूची तैयार करतारे। एकरा खातिर आज भाजपा के शीर्ष नेता लोग से बात करिहें।

बता दीं कि नीतीश कुमार अपना राजनीतिक प्रतिबद्धता के चलते दिल्ली में रहतारे, नीतीश कुमार के दिल्ली में रहे के एगो अउरी कारण बा। जदी सूत्र पs विश्वास कइल जाए तs नीतीश कुमार अगिला मंगलवार के लंदन जाए वाला बाड़े। बता दीं कि लोकसभा चुनाव शुरू होखे से पहिले ही नीतीश कुमार लंदन गइल रहले। हालांकि अबकी बेर मोदी सरकार के शपथ लिहला का बाद ऊ लंदन खातिर रवाना हो जइहन।

बतावल जा रहल बा कि नीतीश कुमार एक बेर फेरु से इलाज खातीर लंदन जात बाड़े। एहसे ऊ मंत्री पद जइसन मुद्दा के सुलझावे खातीर दिल्ली में रह गइल बाड़े। काल्ह से दिल्ली के राजनीतिक हलकन में एह बात पर चरचा हो रहल बा कि जदयू कोटा से के मंत्री बनी आ कवन मंत्रालय मिल जाई । एनडीए के बाकी घटक दल भी मंत्री पद खातीर कोशिश शुरू कs देले बाड़े। अइसने में नीतीश कुमार दिल्ली में रह के ए मुद्दा के समाधान कइल चाहतारे।

संभावना बा कि लंदन दौरा से पहिले नीतीश कुमार दिल्ली में भाजपा के शीर्ष नेतृत्व से भेंट क चुनाव के बाद के रणनीति पs मंथन करीहे। सूत्र बतावत बाड़े कि नीतीश कुमार के अनुपस्थिति में नीतीश कुमार आपन अधिकार बिहार के मुख्य सचिव के दे दिहे। नीतीश कुमार ए साल भी 7 मार्च के लंदन खातिर रवाना भइल रहले। तब राज्यसभा सांसद संजय झा भी उनका साथ रहे। अबकी बेर भी मानल जाता कि उनका संगे खाली संजय झा जात बाड़े। हालांकि सूत्र के कहनाम बा कि नीतीश कुमार के अपना पिछला इंग्लैंड दौरा के बीच में भारत आवे के पड़ल, काहेंकी चुनाव आयोग लोकसभा चुनाव 2024 के अधिसूचना जारी कइले रहे।

पिछला लंदन यात्रा के दौरान राजद नेता लालू प्रसाद यादव के बेटी रोहिणी आचार्य नीतीश कुमार के ट्वीट क के ताना मरले रहली। आचार्य बिना नीतीश के नाम लेले लिखले। ‘मानसिक भूलभुलैया के बेमारी अइसन बा कि चाचा गिरगिट कुमार ऋषि सुनक के संगे सीट बंटवारा के फार्मूला तय करे लंदन जात बाड़न ।’ हालांकि अब रोहिणी आचार्य के सारण सीट से बुरा हार मिल गइल बा ।

Tags :
Bhojpuri khabarbig breakingbig breaking breaking newsBig Updates Big BreakingBihar CM Nitish KumarCM NitishKhabar Bhojpur Newskhabar bhojpuri news specialModi GovernmentNDA GovernmentNitish government
Advertisement
Next Article