For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP Breaking: आगरा के पुलिस कमिश्नर डॉ. प्रीतिंदर हटावल गइलें, जे. रवींद्र गौड़ के कमान; 6 IPS के भइल ट्रांसफर

03:27 PM Jan 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
up breaking  आगरा के पुलिस कमिश्नर डॉ  प्रीतिंदर हटावल गइलें  जे  रवींद्र गौड़ के कमान  6 ips के भइल ट्रांसफर
Advertisement

उत्तर प्रदेश में मंगर के 6 IPS अफसरन के ट्रांसफर भइल बा। डॉ. प्रीतिंदर सिंह के पुलिस कमिश्नर आगरा से हटाके DGP ऑफिस से अटैच कs दिहल गइल बा। आईजी रेंज गोरखपुर में तैनात रहल जे. रवींद्र गौड़ के पुलिस कमिश्नर (CP) आगरा बनावल गइल बा। ओहिजा, जेल सुधार शाखा में तैनात शिवहरि मीणा के अपर पुलिस आयुक्त नोएडा बनावल गइल बा।

Advertisement

सुरेश राव ए. कुलकर्णी के अपर पुलिस आयुक्त नोएडा से पुलिस उपमहानिरीक्षक गोरखपुर रेंज में तैनात कइल गइल बा। पुलिस महानिरीक्षक प्रयागराज रेंज में तैनात चंद्र प्रकाश के पुलिस महानिरीक्षक अभिसूचना मुख्यालय लखनऊ में तैनात कइल गइल बा। प्रेम कुमार गौतम के आईजी डीजीपी मुख्यालय से पुलिस महानिरीक्षक प्रयागराज में तैनात कइल गइल बा।

Tags :
Advertisement