टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

AI-मशीन लर्निंग से पता चली मौसम के ताजा हाल, IMD कs रहल बा नया टूल के इस्तेमाल

06:04 PM Apr 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

मौसम के हालात पs अब आर्टिफिशियल एजेंसी के तहत नजर रखल जाई। IMD मौसम के बेहतर पूर्वानुमान में AI आ मशीन लर्निंग के इस्तेमाल सुरू कs देले बा। आईएमडी के महानिदेशक डॉ. मृत्युंजय महापात्र कहलें कि आवे वाला बरिसन में पूर्वानुमान में सुधार खातिर एकरा के आउर क्षेत्रन में विस्तारित कइल जाई।

Advertisement

स्पेशल टीम कइल गई गठित

समाचार एजेंसी ANI से बात करत, IMD डीजी महापात्र  कहलें कि एह एआई-आधारित टूल के विकास के नेतृत्व करे खातिर आईएमडी आ पृथ्वी विज्ञान मंत्रालय (एमओईएस) के एगो विशेषज्ञ टीम तइयार कइल गइल बा। एआई आ मशीन लर्निंग में ओकर विशेषज्ञता के उपयोग करे खातिर भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (आईआईटी) आ भारतीय सूचना प्रौद्योगिकी संस्थान (आईआईआईटी) जइसन प्रतिष्ठित संस्थानन के संगे सहजोग स्थापित कइल गइल बा।

2-3 सालन में होई विस्तार

आईएमडी महानिदेशक कहलें, 'आईएमडी मौसम पूर्वानुमान खातिर एआई-आधारित उपकरण के विकास पs काम कs रहल बा। एह उद्देश्य खातिर, IMD आ MoES में विशेषज्ञन के एगो टीम बनावल गइल बिया। एकरा अलावे आईएमडी एआई आधारित उपकरणन के विकास खातिर आईआईटी जइसन अलग-अलग संस्थानन के संगे सहजोग कs रहल बा। आईएमडी एआई टूल के मामूली उपयोग सुरू कs देले बा, बाकिर 2-3 बरिसन में एकर विस्तार होई।'

सटीक आ समय पs मौसम पूर्वानुमान होई उपलब्ध

विशेषज्ञ लोग कहल कि मौसम विभाग के पहल से पूर्वानुमान के तरीकन के बेहतर बनावे में मदद मिली, जवना  से देस के जादे सटीक आ समय पs मौसम पूर्वानुमान उपलब्ध होई। विशेषज्ञन के मोताबिक, मौसम पूर्वानुमान में एआई आ मशीन लर्निंग के इस्तेमाल ऐतिहासिक मौसम डेटा आ वास्तविक समय के लेके अपडेट दे सकत बा। एकरा तहत, चक्रवात, मानसून आ आउर चरम मौसम के घटनन सहित बेसी सटीकता के संगे मौसम के घटनन के पूर्वानुमान लगावल जा सकत बा।

Tags :
AI MachineBhojpuri NewsIMDweather forecastWeather Update
Advertisement
Next Article