For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Youtube वीडियो बनावे वालन के मदद करी AI, Google कर देलस कमाल, अइसे करी इस्तेमाल

10:31 AM Aug 25, 2024 IST | Sonu Kishor
youtube वीडियो बनावे वालन के मदद करी ai  google कर देलस कमाल  अइसे करी इस्तेमाल
Advertisement

गूगल यूट्यूब खातिर एगो नाया एआई असिस्टेंट फीचर लॉन्च कइले बा जवन कि निर्माता के खाता हैकिंग जइसन समस्या के समाधान में मदद करी। एह औजार के इस्तेमाल वर्तमान में खाली चुनल  यूजर लोग कर सके ला आ भविष्य में एकरा के अउरी भाषा सभ में ले आवल जाई।

Advertisement

गूगल एआई फीचर पs तेजी से काम कर रहल बा। आज हम रउआ सभे के यूट्यूब के नया फीचर के बारे में जानकारी देवे जा रहल बानी। एहसे सामग्री निर्माता के भी बहुत मदद मिले वाला बा। संगही, एक तरह से कहल जा सकता कि इ चैटजीपीटी खाती चुनौती के रूप में आई। एह एआई असिस्टेंट फीचर के काम ई बा कि यूट्यूब यूजर भा निर्माता लोग के मदद करे वाला बा आ ओह लोग खातिर सुरक्षा के काम करी।

यूट्यूब बनावे वालन के बात कइल जाव तऽ बहुते रिपोर्ट सामने आइल रहे जवना में दावा कइल गइल बा कि ओह लोग के खाता हैक हो सकेला। बाकिर अब एकरा से बचे के तरीको मिल गइल बा। एआई असिस्टेंट के इस्तेमाल से रउआ अइसन चीज़ के तुरंत रोक सकेनी। कई बेर देखल जाला कि कवनो यूजर के नाम पs दोसर चैनल बनावल जाला आ ई ओह लोग खातिर खतरा साबित हो जाला। बाकिर गूगल लगातार अइसन काम के रोके में लागल बा।

यूट्यूब यूजर्स के बहुते मेल मिलेला आ ओह लोग से सपोर्ट माँगल जाला। अइसना में यूट्यूब के एगो टीम रिकवरी खाती काम करतिया। यूट्यूब टीम ट्रबल शूटिंग एआई टूल के इस्तेमाल करी आ खाता रिकवरी में निर्माता के मदद करी। मतलब कि हैकिंग के लेके लगातार बड़ फैसला लिहल जाता। गूगल के मुताबिक, इ नाया टूल यूजर के बहुत मदद करे वाला बा। एह टूल के अइसन डिजाइन कइल गइल बा कि ई यूजर फ्रेंडली होखे के चाहीं आ रिकवरी प्रक्रिया में भी एकर अहम भूमिका निभावे वाला बा।

एकर इस्तेमाल के कर सकेला?

ई टूल्स अबहीं ले सभका नइखे मिलत। एकर इस्तेमाल खाली चुनल यूजर कर सकेलें। संगही, अबही एकरा के खाली अंग्रेजी भाषा में लॉन्च कईल गइल बा। बाकिर धीरे-धीरे अलग अलग भाषा में ले आवल जाई। बता दीं कि गूगल एह पर लगातार काम करत बा। कंपनी एआई के लेके लगातार नाया फैसला लेतिया। एक बेर अइसन हो गइल तऽ रउरा खातिर काम बहुते आसान हो जाई। भविष्य में यूजर्स खातिर एगो एआई असिस्टेंट आवे वाला बा जवन कि हर तरह से मदद करे वाला बा।

Tags :
Advertisement