टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

झारखंड में तेजी से फइल रहल बा एड्स: रहीं सावधान, सबसे जादे मरीज हजारीबाग में, 61 ट्रांसजेंडर एचआइवी से पीड़ित

10:57 AM Dec 02, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

झारखंड में एचआइवी संक्रमितन के संख्या बढ़े लागल बा। तमाम तरे के योजना आ जागरूकता अभियान के बाद आंकड़ा बढ़ रहल बा। आंकड़न में लईका आ बुजुर्ग तक सामिल बा लो। एचआईवी मरीजन में ट्रांसजेंडर्स तक बावे लो। राज्य में बढ़ रहल एचआईवी मरीजन के संख्या चिंता बढ़ा रहल बा।

Advertisement

हर साल बढ़ रहल बा आंकड़ा

स्वास्थ्य विभाग के आंकड़ा बतावत बा कि कइसे साल दर साल आंकड़न में बढ़न्ती होत गइल। साल 2020-21 में 1,380 मरीजन के पहचान भइल। साल 2021-22 में आंकड़ा बढ़ल आ मरीजन के संख्या 1,452 भइल। साल 2022-23 में आंकड़ा 1,890 के पार कs रहल बा। साल दर साल बढ़त मरीजन के संख्या एकर बढ़ते खतरा ले आंकड़ा के रूप में सामने रख रहल बा।

जागरूकता अभियान

एह खतरनाक बेमारी के बढ़त संख्या के लेके स्वास्थ्य विभाग एक दिसंबर से पूरा राज्य में जागरूकता अभियान चला रहल बा। एह दौरान लोगन के जांच कइल जाई। एमें ओइसन लोगन के जादे सामिल करे के तइयारी बा जे बाहर काम करत बा, ट्रक ड्राइवर बा। एह लोगन संक्रमण फइलला के खतरा जादे होला।

हजारीबाग में सबसे जादे एड्स मरीज

राज्य के जवन जिन में सबसे जादे संक्रमितन के संख्या बा ओमे हजारीबाग सबसे आगे बा। हजारीबाग में कुल 3,465 संक्रमित मरीज मिलल बा लो। एह मरीजन में महिला लोगन के संख्या जादे बा। 1,406 पुरुष एचआईवी संक्रमित बा जबकि 1,719 महिला एह गंभीर बीमारी से पीड़ित बा लो। हजारीबाग में 339 लईका एचआइवी से ग्रसित बाड़ें सs। एमे 205 लईका आ 134 लईकी सामिल बाड़ी सs।

जमशेदपुर दूसरा नंबर पs

दूसका नंबर पs जमशेदपुर बा जहां 2,409 संक्रमित पावल गइल बा लो। एह आंकड़न में पुरुषन के संख्या जादे बा। 1,357 पुरुष, 861 महिला आ 142 लईका बा लो। तीसका नंबर पs राज्य में जवन जिला बा उ राजधानी रांची है। रांची में 1,476 एचआइवी पीड़ित बा लो। एमे 767 पुरुष, 580 महिला आ 128 लईका सामिल बा लो। स्वास्थ्य विभाग लगातार अपना जांच के दायरा बढ़ा रहल बा। एह साल 6,22,140 लोगन में जांच कइल गइल, जेमे 975 संक्रमित मिलल लो। एकरा अलावे 25,433 अइसन लोगन के जांच कइल गई, जे जोखिम क्षेत्र में काम करेला। एमे 10 पीड़ित पावल गइल लो।

ट्रांसजेंडर्स में फइल रहल बा खतरा

झारखंड में एह बेमारी के खतरा ट्रांसजेंडर्स तक फइल रहल बा। इहां 61 ट्रांसजेंडर एचआइवी से पीड़ित मिलल बा लो। 49 संक्रमित जमशेदपुर के रहे वाला बा लो। धनबाद में पांच, चाईबासा में दुगो, देवघर में एगो, हजारीबाग में एगो, कोडरमा में एगो, रांची में एगो आ साहिबगंज में एगो संक्रमित बा लो।

Tags :
Aids spreading rapidly in JharkhandBhojpuri NewsHajaribaghHIV AIDSJamshedpurjharkhand newsRanchi
Advertisement
Next Article