टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

AIMIM नेता हत्या केस...7 आरोपी में से 3 गिरफ्तार : राजद नेता के सामिल होखला के जतावल जा रहल बा आशंका, बाइक पs मारल गइल रहे गोली

11:16 AM Feb 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोपालगंज के नगर थाना क्षेत्र के तुरकाहां पुल के लगे 12 फरवरी के बदमाश एआईएमआईएम नेता अब्दुल सलाम उर्फ असलम मुखिया के गोली मारकर हत्या कs देले रहलें सs। ममिला में बेटा सात लोगन के नामजद आरोपी बनावत राजद के बड़ नेता लोगन पs हत्या में साजिश करे के आरोप लगवले बाड़ें।

Advertisement

पुलिस अभी ले तीन नामजद लोगन के गिरफ्तार कs  के न्यायिक हिरासत में भेज देले बिया। जबकि चार आउर फरार नामजद अभियुक्तन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा। बतावल गइल कि 12 फरवरी के नगर थाना क्षेत्र के तुरकाहां पुल के लगे भइल हत्या ममिला में बेटा अनस सलाम राजद के बड़ नेता लोगन पs साजिश करे के आशंका जाहिर करत सात लोगन के नामजद आरोपी बनवले बाडें।

नगर थाना में दिहल गइल आवेदन में कहल गइल बा कि बनकट तकिया गांव निवासी अब्दुल सलाम चौराव पंचायत के पूर्व मुखिया, एआईएमआईएम के प्रदेश सचिव आ सारण प्रभारी, गोपालगंज सदर विधानसभा सीट से पूर्व प्रत्याशी आ गोपालगंज इस्लामिया मदरसा के सचिव रहस। 12 फरवरी, 2024 के हमार पिता लखनऊ जाये खातिर ट्रेन धरे खातिर मोटरसाइकिल से मो.अमानुल हक उर्फ मुन्ना जे राजेन्द्र नगर वार्ड नं 22 गोपालगंज के रहे वाला हवे, थावे जंक्शन जात रहस। ऊ मोटरसाइकिल के पीछे बइठल रहस।

एही बीच तुरकाहा पानी प्लांट के सामने ब्रेकर पs बाइक के रफ्तार कम भइल। तबे पीछे से मोटरसाइकिल पs सवार दुगो नामजद व्यक्ति ने असलम मुखिया के गोली मार देलें सs। दुनों बाइक से तुरकाहा नहर पुल के तरफ भाग गइलें सs। आवेदन में तकिया याकुब गांव निवासी महताब आलम उर्फ लालबाबू आ फहिम उर्फ सद्दाम पs अपना पिता के गोली मारे के आरोप लगावत हत्या के समय रेकी करे के आरोप में मोहम्मद अदुद, मोहम्मद शकूर, फिरोज आलम, आरिफ उर्फ सोना के संगे चौराव पंचायत के मुखिया परवेज आलम उर्फ छोटे मुखिया पs नामजद प्राथमिकी करवलें बाड़ें।

ऊ कहलें कि हमरा शंका बा कि परवेज आलम उर्फ छोटे मुखिया के संगे साजिश में जिला के राष्ट्रीय जनता दल के बड़े नेता सामिल हो सकत बाड़ें । ओहिजा, अनस सलाम पुलिस के बतवलें कि हत्या में कुछ लोग सामिल बा। प्राथमिकी के बाद पुलिस कार्रवाई करत नामजद आरोपित मोहम्मद शकूर, मोहम्मद अदुद आ फिरोज आलम के गिरफ्तार कs लेलस। एआईएमआईएम नेता अब्दुल सलाम के हत्या के वारदात के अंजाम देवे वाला शार्प शूटरन के पहचान पुलिस के तरफ से लगातार कइल जा रहल बा।

पुलिस शार्प शूटरन के पहचान करे के संगही ओकनी भागे के दिशा पs जांच कs रहल बिया। पुलिस के आशंका बा कि हत्या में सामिल शार्प शूटर सीवान से बोलावल गइल रहलें स s। अइसन में पुलिस सीवान के फरार चल रहल शार्प शूटरन के सूची बनाके चिह्नित कइला के संगही गिरफ्तारी खातिर छापेमारी अभियान चला रहल बिया।

Tags :
AIMIM Leader Murder CaseAslam MukhiyaBhojpuri NewsGopalganj newsThree Arrested out of 7 Accused
Advertisement
Next Article