टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Air India क्रू से बदतमीजी के बाद वित्तीय सेवा कंपनी के प्रमुख के विमान से उतरलस, दिल्ली से जात रहली लंदन

04:19 PM Mar 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

संभवत: पहिला बेर एगो अग्रणी वित्तीय सेवा कंपनी के प्रमुख के दुर्व्यवहार के कारण एयर इंडिया विमान से उतारे के खबर सामने आइल बा। चालक दल के सदस्यन से कथित तौर पs अशिष्टता से बात करे आ ओह लोगन से बहस करे खातिर एयर इंडिया के एगो अंतरराष्ट्रीय उड़ान से पहिले ई वारदात भइल।

Advertisement

मंगर के एयर इंडिया के दिल्ली-लंदन फ्लाइट के बिजनेस क्लास में सवार होखला के बाद एगो वित्तीय सेवा कंपनी के प्रमुख क्रू के सदस्यन से अशिष्ट तरीका से बात करे लगली। जब ई बेवहार जारी रहल तs केबिन क्रू कैप्टन के सूचित कइल। बिजनेस क्लास के कुछ आउर यात्री महिला के बेवहार के अशिष्ट बतावल।

सूत्रन के मोताबिक लगभग नौ घंटा के लमहर उड़ान होखला के कारण, कैप्टन संभावित परेसानी से बचे खातिर ओह यात्री के संगे उड़ान ना भरे के फैसला कइलें आ उनका के उतार दिहल गइल। विमान से उतार जाये वाला व्यक्ति के चेक-इन सामान के उतारे पड़ेला, जवना से उड़ान के प्रस्थान में लगभग एक घंटा के देरी भइल।

एयर इंडिया के एगो प्रवक्ता कहलें, 'हमनी के 5 मार्च, 2024 के उड़ान एआई-161 पs भइल एहो घटना के जानकारी बा। चालक दल के सदस्यन के संगे बहस के बाद, कैप्टन के सलाह पs बिजनेस क्लास में यात्रा करे वाली एगो यात्री के ऑफबोर्ड कइल गइल रहे। एयर इंडिया सब यात्रियन आ चालक दल के सुरक्षा के प्राथमिकता देला आ ओहि के नियंत्रित करे वाला नियमन के सख्ती से पालन करत बा।

एयरलाइन एगो बयान में कहलस, ''विमान एआई-161 एक घंटा के देरी से रवाना भइल। विमान से उतारल गइल यात्री के लिखित आश्वासन देला के बाद, बाद के उड़ान में समायोजित कइल गइल। देरी के कारण आउर यात्रियन के भइल कवनो असुविधा खातिर हम खेद जतावत बानी।"

विमान से उतारल गइला के बाद ऊ महिला कार्यकारी लंदन में खुद के पहुंचला के अर्जेंट बतवली आ एयरलाइन के लिखित रूप से बेवहार के बारे में आश्वस्त कइल लो। एकरा बाद उनका के लंदन जाये वाली अगिला फ्लाइट से बिठा दिहल गइल।

एयर इंडिया कहलस कि हमनी के यात्री हैसियत के परवाह कइले बिना विमान के सुरक्षा सुनिश्चित करेनी सs। हमनी के उड़ान में अनियंत्रित बेवहार स्वीकार्य नइखे। हमनी के सब यात्रियन आ चालक दल के सदस्यन के सुरक्षा हमनी के शीर्ष प्राथमिकता बा। ऊ यात्री अंततः चार घंटा के इंतजार के बाद लंदन खातिर अगली उड़ान में सवार हो गई।

Tags :
Abusive behave with Crew MemberAir IndiaBhojpuri NewsCrew MembersDelhi-London FlightPassenger Deboarded
Advertisement
Next Article