टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

वाराणसी से सिंगरौली के हवाई सेवा जल्दिए शुरू हो जाई...45 मिनट में सफर पूरा हो जाई

03:16 PM Aug 06, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

वाराणसी समाचार : वाराणसी आ सिंगरौली हवाई पट्टी के बीच क्षेत्रीय परिवहन हवाई जहाज यानी एटीआर 72 के संचालन होई एह हवाई सेवा शुरू भइला के बाद वाराणसी से उर्जाचंल के बीच के दूरी महज 45 मिनट में पूरा हो जाई।

Advertisement

यूपी आ एमपी के सीमांचल क्षेत्र के लोग खातिर एगो खुशखबरी बा जल्दिए यूपी के वाराणसी के लाल बहादुर शास्त्री अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा आ सिंगरौली के सिंगरौली हवाई पट्टी के बीच उड़ान सेवा शुरू हो सकेला। भारतीय एयरपोर्ट अथॉरिटी के ग्रीन सिग्नल के बाद ओकर प्रयास तेज हो गइल बा।

वाराणसी आ सिंगरौली हवाई पट्टी के बीच क्षेत्रीय परिवहन हवाई विमान यानी एटीआर-72 के संचालन होई। एह एयरलाइन के शुरुआत के बाद वाराणसी से उर्जाचंल के बीच के दूरी महज 45 मिनट में पूरा हो जाई। वर्तमान में एकरा में 4 से 5 घंटा के समय लागेला।

हवाई अड्डा प्राधिकरण के अधिकारी मौका पर निरीक्षण करीहें

ध्यान देवे वाला बात बा कि सरकार के निर्देश के बाद सिंगरौली प्रशासन एकरा खातीर एयरपोर्ट प्राधिकरण के चिट्ठी लिखले रहे। जवना पs हवाई अड्डा प्राधिकरण हवाई अड्डा के बारे में विस्तृत जानकारी मंगलस। एकरा अलावे मौका पs निरीक्षण खातीर 75 लाख रुपया जमा करे के निर्देश भी दिहल गइल। मानल जाता कि ई शुल्क जमा कइला के बाद एयरपोर्ट अथॉरिटी के अधिकारी सिंगरौली हवाई पट्टी के मौका पs निरीक्षण करीहे।

किराया आ शेड्यूल तय नइखे भइल

जदी सबकुछ ठीक से चलल तs जल्दिए एटीआर 72 विमान सेवा ए रूट पs शुरू कइल जा सकता। एकरा खातीर ट्रैफिक कंट्रोल यूनिट समेत बाकी सेवा में सुधार कइल जाता, एकर समय-सारणी आ किराया के फैसला ऑन-साइट निरीक्षण अउरी बाकी जरूरी औपचारिकता पूरा होखला के बाद होई।

Tags :
Bhojpuri khabarflight serviceskhabarBhojpuriOfficialmadhyapradeshVaranasi airport
Advertisement
Next Article