For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Airport Bomb Threat: जयपुर आ गोवा समेत देशभर के कई गो हवाई अड्डन के मिलल बम से उड़ावे के धमकी

07:17 PM Apr 29, 2024 IST | Sonu Kishor
airport bomb threat  जयपुर आ गोवा समेत देशभर के कई गो हवाई अड्डन के मिलल बम से उड़ावे के धमकी
Advertisement

Airport Bomb Threat: एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवले कि 29 अप्रैल 2024 सोमार के एगो ई-मेल मिलल जवना में ई दावा कइल गइल बा कि जयपुर आ गोवा समेत कई गो हवाई अड्डन पs बम राखल गइल बा। जइसही एकर जानकारी मिलल तऽ प्रशासन में हड़कंप मच गइल आ सुरक्षाबलन के अलर्ट कऽ दिहल गइल। कुल हवाई अड्डन के गहन जांच कइल जा रहल बा। जयपुर एयरपोर्ट पs अबहि ले कुछवो संदिग्ध नइखे मिलल।

Advertisement

जयपुर एयरपोर्ट के बम से उड़ावे के धमकी

जयपुर एयरपोर्ट पs बम के धमकी मिलला के बाद सुरक्षा एजेंसी सोमार के संयुक्त रूप से गहन जांच कइलस। एयरपोर्ट पुलिस स्टेशन के SHO मोती लाल कहले कि कवनो अज्ञात व्यक्ति द्वारा एयरपोर्ट अधिकारियन के बम विस्फोट के धमकी वाला एगो ईमेल भेजल गइल रहे गया। हवाईअड्डा के पूरा जांच कइल गइल बाकिर कुछवो संदिग्ध नइखे मिलल। उऽ कहले कि एह तरे की धमकी 26 अप्रैलो के दिहल गई रहे। उऽ कहले कि भेजे वाला के पहचान आ पता लगावे खातिर जांच चल रहल बा।

गोवा हवाईअड्डे के बम से उड़ावे के धमकी

एगो वरिष्ठ अधिकारी कहले कि दक्षिण गोवा के डाबोलिम हवाई अड्डा पs बम होखे के सूचना मिलल। हवाई अड्डा के निदेशक एस वी टी धन्मजय राव कहले कि उनका कार्यालय के सुबह हवाई अड्डे पs बम होखे के बारे में एगो ईमेल मिलल। हमनीं के अब अतिरिक्त सावधानी बरत रहल बानी सन। हवाईअड्डे पs सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा। बम निरोधक दस्ता एयरपोर्ट पs मौजूद बा। हमनी के निर्धारित प्रोटोकॉल के अनुसार काम कर रहल बानी सन। हम ईमेल के स्रोत के पता लगावे के कोशिश कर रहल बानी , जवन देश के अउरी हवाई अड्डन के मिलल बा।

साभार - जागरण

Tags :
Advertisement