For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नीट धांधली के लेके सीवान में आईसा के विरोध प्रदर्शन, माले नेता केंद्र सरकार पs साधल लो निशाना

11:16 AM Jul 04, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
नीट धांधली के लेके सीवान में आईसा के विरोध प्रदर्शन  माले नेता केंद्र सरकार पs साधल लो निशाना
Advertisement

सीवान। नीट धांधली के आरोपियन के पकड़े के मांग करत आइसा सीवान शहर के गोपालगंज मोड़ पs बुध के विरोध प्रदर्शन कइलस। प्रदर्शन के पहिले शहर में मार्च निकालल गइल। मार्च शहर के ललित बस स्टैंड से निकलके गोपालगंज मोड़ पहुंचल, जहां विरोध प्रदर्शन भइल।

Advertisement

एह दौरान माले नेता अमित कुमार कहलें कि केंद्र में भाजपा के सरकार देस के छात्र नौजवानन से वादा कइले रहे कि भाजपा के सरकार प्रचंड बहुमत से बनत बिया तs भारत में भ्रष्टाचार मुक्त आ सस्ती शिक्षा शिक्षा दिही। रोजगार देवे के वादा कइले रहे। छात्र नौजवान भाजपा के झूठ के जाल में फंसके ओकरा के वोट कइल, बाकिर नीट के धांधली सरकार ले पोल खोल देले बा।

ओहिजा, ऊ आगे कहलें कि समूचा देस के भीतर सामान्य शिक्षा प्रणाली लागू करे के होई। सस्ता आ सुलभ शिक्षा उपलब्ध करवावे के होई। देस के भीतर शिक्षा के धंधा में तब्दील कs दिहल गइल बा। एकरा कारण गरीब, दलित, किसान, मजदूर शिक्षा से दूर होत जा रहल बा लो। एकरा कारण देस के भीतर भुखमरी, बेरोजगारी, भ्रष्टाचार आ अपराध चरम पs बा। आइसा के जिला सचिव सुनील यादव कहलें कि नीट के धांधली से स्पष्ट होत बा कि भारत के शिक्षा व्यवस्था शिक्षा माफिया के हवाले बा।

Tags :
Advertisement