टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यूपी के स्वास्थ्य सेवा के लेके अखि‍लेश योगी सरकार के घेरले, कहले- इलाज बिना दम तुड़ रहल बाड़े मासूम

08:16 AM Aug 02, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

अखिलेश यादव राज्य के स्वास्थ्य सेवा के संबंध में यूपी के योगी सरकार के घेरा में डाल देले। अखिलेश कहले कि स्ट्रेचर आउर बेड के अभाव में अस्पताल में भटकत मरीज के बहुत तस्वीर सोझा आवता। सिद्धार्थनगर में पिता 20 मिनट तक बेटी के गोदी में लेके अस्पताल में भटकत रहले, बाकिर तबो बिस्तर ना मिलल। हार के ओकरा के फर्श पर लेटवा दिहल गइल।

Advertisement

सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव बियफे के भाजपा राज्य सरकार के राज्य के स्वास्थ्य सेवा के लेके घेरा में डाल देले। बयान जारी करत अखिलेश यादव कहले कि भाजपा सरकार लंबा दावा करेले बाकिर अस्पताल के असलियत ओ लोग के नइखे लउकत। मरीज तड़प के मर रहल बाड़े। निर्दोष लोग बिना इलाज के मर रहल बा। भाजपा सरकार समाजवादी सरकार के जनहित में कइल इंतजाम के नष्ट करे के रिकार्ड बनवले बिया।

सपा अध्यक्ष कहले कि स्ट्रेचर आ बेड के अभाव में अस्पताल में भटकत मरीज के बहुत तस्वीर सोझा आवता। सिद्धार्थ नगर में पिता 20 मिनट तक बेटी के गोदी में लेके अस्पताल में भटकत रहले, बाकिर तबो बिस्तर ना मिलल। थक के ओकरा के फर्श पs लेटवा दिहल गइल। गोरखपुर एम्स में मरीजन के स्ट्रेचर नइखे मिलत। परिजन के कोरा में मरीज के ओपीडी ले जाए के मजबूरी बा।

'अस्पताल में कबो डाक्टर ना देखल जाला'।  

सीतापुर जिला के जिक्र करत उऽ बतवले कि अबही कुछ दिन पहिले वेंटिलेटर ना मिलला के चलते जिला में एगो अधबूढ़ आदमी के मौत हो गइल रहे। अस्पताल में कबो डाक्टर ना रहेले। गरीब मरीज के महंगा दवाई लिखल जाला। सस्ता दवाई के स्टोर चलावे के लेके सरकार बहुत दावा करेले, बाकिर अइसन स्टोर में सब दवाई ना मिलेला।

Tags :
Akhilesh YadavBjp Uttar PradeshHelath departmenthelth newsuttar pradesh governmentUttar Pradesh medical
Advertisement
Next Article