For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अयोध्‍या के लेके अखिलेश यादव योगी सरकार पऽ कइले सबसे बड़ हमला

02:11 PM Sep 12, 2024 IST | Sonu Kishor
अयोध्‍या के लेके अखिलेश यादव योगी सरकार पऽ कइले सबसे बड़ हमला
Akhilesh yadav
Advertisement

सपा प्रमुख अखिलेश यादव कहले कि अयोध्या में किसान के जमीन सस्ता में खरीद के महंगा दाम पs बेचल जाता। किसान के इच्छा के मुताबिक मुआवजा नइखे दिहल गइल। जदि कहीं अधिकतम लूटपाट भइल बा तऽ सबसे ज्यादा अयोध्या में भइल बा|

Advertisement

अयोध्या के लेके समाजवादी पार्टी के प्रमुख अखिलेश यादव योगी सरकार पs बड़ हमला कइले बाड़े। उऽ कहले कि समय-समय पs हमनी के अयोध्या के लेके जनता के पीड़ा के आगे बढ़ावेनी, बानी सरकार सुने वाला नइखे। अधिकारी आ भाजपा के लोग मिल के लूटपाट में लागल बाड़े। जहां लूट होई उहाँ विकास ना होई। हम पार्टी के नेता लोग के धन्यवाद देत बानी कि उऽ लोग अयोध्या के काला चिठा सोझा रखले। अयोध्या जइसन पवित्र भूमि में जब अइसन लूट हो रहल बा तऽ कल्पना करीं कि बाकी राज्य में कइसन हालात होई। अखिलेश कहले कि हमनी के यूपी विधानसभा में इ मुद्दा उठाइब।

बियफे के लखनऊ में आयोजित एगो प्रेस कांफ्रेंस में अखिलेश कहले कि, किसान के मांग के मुताबिक उचित मुआवजा ना दिहल गइल। बाकिर जब गरीबन के जमीन अपना लोग तक पहुंचल तऽ सर्किल रेट बढ़ा दिहल गइल। हमनी के लगे भाजपा के सभ अधिकारी के सूची आ जमीन लेवे वाला अधिकारी के रजिस्ट्री के विवरण बा। रक्षा जमीन के संगे इहे काम भइल। भाजपा के लोगो उऽ जमीन बेच देले जहां फायरिंग रेंज रहे।

अपना हार के चलते जनता के चोट पहुंचावे खातिर उऽ रेलवे के संरेखण भी बदल देले। पहिले केहू के आपन जमीन के ढेर नुकसान ना होखत रहे, लेकिन अब सरकार जानबूझ के रेलवे एलाइनमेंट बदल दिजल गइल आ बदलाव के काम शुरू क देलस ताकि गरीब के घर आ कारोबार छीन लिहल जा सके। जदी कहीं अधिकतम लूटपाट भइल बा तऽ सबसे ज्यादा अयोध्या में भइल बा|

'महर्षि योगी ट्रस्ट जमीन के बंटवारा कऽ के लूट रहल बा'।

सपा प्रमुख एतने पs ना रुकले। उऽ कहले कि सरकार के प्रधान सचिव से लेके लेखाकार तक सभे अयोध्या के महर्षि योगी ट्रस्ट में जमीन खरीदले। महर्षि योगी ट्रस्ट अयोध्या के जमीन बांट के लूट रहल बा। इहाँ एगो अभिनंदन लोढ़ा समूह आइल रहे। गाँव तिहुरा में गाँव के समुदाय के जमीन के अपना सीमा में शामिल कऽ के कब्जा कऽ लिहले। अब इ लोग जमीन एक करोड़ रुपया प्रति हजार वर्ग में बेचतारे। अयोध्या एह लूटपाट सरकार से परेशान बा।

Tags :
Advertisement