टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अखिलेश यादव कहले - पश्चिम से चल रहल हवा यूपी आ देश में लिआई बदलाव, गाजियाबाद से गाजीपुर तक क्लीन स्वीप करी इंडी गठबंधन

10:41 AM Apr 17, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

अखिलेश यादव कहले - पश्चिम से चल रहल हवा यूपी आ देश में लिआई बदलाव, गाजियाबाद से गाजीपुर तक क्लीन स्वीप करी इंडी गठबंधन

Advertisement

लोकसभा चुनाव के लेके गाजियाबाद के कौशांबी स्थित रेडिसन ब्लू होटल में आज बुध के कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ समाज वादी पार्टी के सुप्रीमो अखिलेश यादव संयुक्त प्रेस वार्ता के संबोधित कइले। एही दौरान अखिलेश यादव कहले कि पश्चिम से चल रहल हवा यूपी आ देश में बदलाव लिआई आ इंडी गठबंधन गाजियाबाद से गाजीपुर तक क्लीन स्वीप करी।

गाजियाबाद। कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ समाजवादी पार्टी सुप्रीमो अखिलेश यादव बुध के गाजियाबाद पहुंचल। इहाँ कौशांबी स्थित रेडिशन ब्लू होटल में दुनु नेता आइएनडीआइए गठबंधन के कांग्रेस प्रत्याशी के समर्थन में प्रेस वार्ता के संबोधित कइलस।

एही दौरान अखिलेश यादव कहले कि एही दौरान अखिलेश यादव कहले कि पश्चिम से चल रहल हवा यूपी आ देश में बदलाव लिआई आ इंडी गठबंधन गाजियाबाद से गाजीपुर तक क्लीन स्वीप करी।लूट आ झूठ एनडीए गठबंधन के पहचान बन गइल बा। उऽ कार्यकर्ता लो से अपील करत कहले कि एको वोट बंट ना पावे। मतदान करी सावधान रही बूथ के चौकीदारी करी।

मालूम होखे, कि लोकसभा चुनाव के बिगुल बजला कई दिन बीत चुकल बा। भाजपा प्रत्याशी के समर्थन में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी रोड शो कर चुकल बाड़न। उनका साथे मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथो उपस्थित रहले। जबकि रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह भाजपा प्रत्याशी के नामांकन के दिने जनसभा के संबोधित कर चुकल बाड़न।

एही तरे बसपा प्रत्याशी के समर्थन में मायावती भतीजा आकाश आनंदो जनसभा के संबोधित कर चुकल बाड़न, बाकिर अबहीं ले आइएनडीआइए गठबंधन के कांग्रेस प्रत्याशी के समर्थन में कवनो बड़ नेता रोड शो आ जनसभा के संबोधित करे ना पहुंचल रहे।

ई चुनाव विचारधारा के हऽ - राहुल गांधी

कांग्रेस नेता राहुल गांधी कहले,

"ई विचारधारा के चुनाव हऽ। इंडी गठबंधन संविधान आ लोकतंत्र के रक्षा कर रहल बा। बेरोजगारी, महंगाई, भागीदारी ई हमनीं के मुद्दा बा। पीएम मोदी समुद्र के नीचे चल जालन तऽ कबो आसमान में चल जालन , उनका मुद्दा के परवाह नइखे।"

Tags :
2024 ElectionsAkhilesh YadavBhojpuri NewsCongressKhabar Bhojpuri NewsLoksabha chunavLoksabha Elections 2024News uttar pradeshPoltics NewsRahul gandhiSamajwadi Party CandidateUttar Pradesh chunavUttar Pradesh poltics
Advertisement
Next Article