For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अस्पताल में अब बिना पहचान पत्र नाहीं रुक सकी तीमारदार, यूपी में अलर्ट

11:12 AM Aug 31, 2024 IST | Minee Upadhyay
अस्पताल में अब बिना पहचान पत्र नाहीं रुक सकी तीमारदार  यूपी में अलर्ट
Advertisement

Advertisement

कोलकाता के आरजी कर अस्पताल में एगो प्रशिक्षु डॉक्टर के संगे बलात्कार अवुरी हत्या के घटना के बाद अब यूपी के अस्पताल भी अलर्ट मोड पs बा। स्वास्थ्य विभाग राज्य के अस्पतालन के दिशानिर्देश जारी कइले बा। सुप्रीम कोर्ट के आदेश के तहत उपमुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक अस्पताल के प्रबंधन के निर्देश देले बाड़े। अब बिना पहचान पत्र के लोग अस्पताल में ना रह पईहे। अस्पताल में रहे खातिर एडमिट कार्ड भा पहचान पत्र जरूरी होई।

तीमारदारन खातिर एडमिट कार्ड दिहल गइल बा 

डिप्टी सीएम के कहल बा कि अस्पताल के कर्मचारी के सुरक्षा हमनी के सबसे बड़ प्राथमिकता बा। उs कहले कि आमतौर पs अयीसन लोग अस्पताल में देखाई देवेले, जवना के मरीज अस्पताल में भर्ती ना होखेले,उs खाली रात के आराम खातीर अस्पताल में रहेले। अयीसन लोग के खिलाफ कार्रवाई होखे के चाही। वार्ड, आईसीयू, रेस्टिंग रूम, इमरजेंसी वार्ड, आईपीडी विभाग में रात के प्रवेश खातिर अटेंडेंट के एडमिट कार्ड जारी होखे के चाही।

डिप्टी सीएम के कहल बा कि अस्पताल के कर्मचारी के सुरक्षा हमनी के सबसे बड़ प्राथमिकता बा। उs कहले कि आमतौर पs अयीसन लोग अस्पताल में देखाई देवेले, जवना के मरीज अस्पताल में भर्ती ना होखेले, उs खाली रात के आराम खाती अस्पताल में रहेले। अयीसन लोग के खिलाफ कार्रवाई होखे के चाही। वार्ड, आईसीयू, रेस्टिंग रूम, इमरजेंसी वार्ड, आईपीडी विभाग में रात के प्रवेश खातिर अटेंडेंट के एडमिट कार्ड जारी होखे के चाही।

Tags :
Advertisement