For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

विनेश फोगाट पऽ कइले अभद्र टिप्‍पणी, अलीगढ़ पुलिस BJP नेता पऽ ठोकलस केस

02:51 PM Aug 09, 2024 IST | Sonu Kishor
विनेश फोगाट पऽ कइले अभद्र टिप्‍पणी  अलीगढ़ पुलिस bjp नेता पऽ ठोकलस केस
Advertisement

भारतीय पहलवान विनेश फोगाट पेरिस ओलंपिक से बाहर बाड़ी। दरअसल, उनका के अयोग्य घोषित कइल गइल, काहेंकी उनकर वजन 100 ग्राम जादा रहे। अलीगढ़ भाजपा नेता विशाल वार्ष्‍णेय सोशल मीडिया पs आपत्तिजनक टिप्पणी कइले। एपर उनका खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा।

Advertisement

भारतीय महिला पहलवान विनेश फोगाट के 100 ग्राम अधिका वजन के चलते पेरिस ओलंपिक खातिर अयोग्य घोषित कऽ दिहल गइल। एकरा बारे में अलीगढ़ के भाजपा कार्यकर्ता सोशल मीडिया पs विनेश फोगाट पs आपत्तिजनक टिप्पणी कइले। शिकायत मिलला पs पुलिस आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज कऽ लेले बिया। जाट वंश के ओर से क्वारसी थाना में मामला दर्ज करावल गइल बा। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया

जाट वंशवली के जिला अध्यक्ष चौधरी धरमवीर सिंह अपना शिकायत में बतवले कि 7 अगस्त के फेसबुक पs एगो पोस्ट देखले। विशाल वार्ष्‍णेय नाम के भाजपा कार्यकर्ता विनेश फोगाट के लेके अशोभनीय टिप्पणी कइले बाड़े। इ पढला के बाद उनका चोट पहुंचल। पुलिस शिकायत के आधार पs प्राथमिकी दर्ज क के छानबीन में जुटल बिया।

गोंडा इलाका के किसानो खिसिया गइले

दूसर ओर विनेश फोगाट पs कइल आपत्तिजनक टिप्पणी पs गोंडा इलाका के किसानो नाराज हो गइले। उऽ गोंडा थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़े आ विशाल वार्ष्णेय के खिलाफ मामला दर्ज करावे के मांग कइले बाड़े। किसान नेता सत्यवीर सिंह सत्तन समेत बहुत लोग शिकायत लेके थाना पहुंचल रहले। ध्यान देवे वाला बात बा कि विनेश फोगाट के फाइनल मैच 50 किलो के वर्ग में खेले के रहे, लेकिन उनकर वजन 100 ग्राम जादा होखला के चलते उनका के अयोग्य ठहरावल गइल।

Tags :
Advertisement