टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

एह यनिवर्सिटी में नॉन टीचिंग पदन पs निकलल भर्ती, इहां जानीं पूरा डिटेल

07:12 AM Mar 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

इलाहाबाद विश्वविद्यालय में भर्ती : नौकरी के तलाश में अभ्यर्थियन खातिर एगो खुशखबरी बा। इलाहाबाद विश्वविद्यालय अलग-अलग नॉन टीचिंग पद पs बहाली खातीर आवेदन आमंत्रित कईले बिया। एह पदन खातिर आवेदन प्रक्रिया शुरू हो गइल बा। इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जा के आवेदन कs सकेलें।

Advertisement

कब ले आवेदन कs सकेनी?

अधिसूचना में दिहल विवरण के मुताबिक एs बहाली खातीर आवेदन करे के इच्छुक उम्मीदवार के एक अप्रैल ले आवेदन करे के चाही, जवन कि एकरा खातीर अंतिम तारीख बा।

केतना वैकेंसी बा

एह बहाली अभियान के माध्यम से कुल 347 पद पs बहाली होई। एमें-

ग्रुप ए के तहत 18 पद

ग्रुप बी के तहत 16 पद

ग्रुप सी ते कहत 313 पद

आवेदन शुल्क 

एह पदन खातिर आवेदन करे वाला जनरल, ओबीसी, ईडब्ल्यूएस श्रेणी के उम्मीदवारन के 1600 रुपिया देबे के पड़ी। जबकि अनुसूचित जाति आ अनुसूचित जनजाति खातिर आवेदन शुल्क 800 रुपिया बा। एकरा अलावे दिव्यांग उम्मीदवार के सुविधा शुल्क के रूप में मात्र 100 रुपया देवे के होई। एह से जुड़ल विषयन पs अधिका जानकारी खातिर अभ्यर्थी आधिकारिक वेबसाइट पs जा सकेलें।

 

 

 

Tags :
Allahabad Universityallahabad university newsAllahabad University RecruitmentEducationJob in Allahabad University.Recruitment
Advertisement
Next Article