UP: संदिग्ध खालिस्तानी आतंकवादियन के शव ले जा रहल एम्बुलेंस के एक्सीडेंट
12:10 PM Dec 25, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement
रामपुर : उत्तर प्रदेश के पीलीभीत से पंजाब जाए वाला मुठभेड़ में मारल गईल तीन संदिग्ध 'खालिस्तान जिन्दाबाद फोर्स' के आतंकी के लाश लेके जात एम्बुलेंस में एगो अज्ञात गाड़ी टक्कर मार देलस। उs बतवले कि मंगल के रात रामपुर बाईपास पs भईल एs घटना में केहु के जानमाल के नुकसान नईखे भईल, बाकिर एम्बुलेंस के नुकसान भईल, जवना के बाद शव के दोसरा गाड़ी में ले जाइल गईल।
Advertisement
रामपुर जिला पुलिस अधीक्षक विद्यासागर मिश्र बतवले कि मंगल के देर रात पीलीभीत से पंजाब जाए वाला तीन संदिग्ध आतंकी के शव लेके जात एम्बुलेंस के रामपुर बाईपास पs एगो अनजान गाड़ी कचर दिहलस। उs बतवले कि एs घटना में कवनों के जानमाल के नुकसान नईखे भईल। उs बतवले कि दुर्घटना के जानकारी मिलते रामपुर पुलिस मौका पs पहुंचल अवुरी क्षतिग्रस्त गाड़ी से तीनों शव के दोसरा एम्बुलेंस में ले जाइल गईल।