For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

रूस में घुसले यूक्रेनी सैनिक तs अमेरिका भी भइल एक्टिव, कs दिहलस बड़ मदद के ऐलान

11:38 AM Aug 10, 2024 IST | Minee Upadhyay
रूस में घुसले यूक्रेनी सैनिक तs अमेरिका भी भइल एक्टिव  कs दिहलस बड़ मदद के ऐलान
Advertisement

Advertisement

रूस के खिलाफ यूक्रेन के लड़ाई में मदद करे खातिर अमेरिका यूक्रेन के 12.5 करोड़ अमेरिकी डॉलर के अउरी हथियार भेजे के फैसला कइले बा. इs जानकारी व्हाइट हाउस के ओर से दिहल गईल बा। व्हाइट हाउस कहलस कि यूक्रेन के भेजल जा रहल अतिरिक्त सैन्य सहायता में दुश्मन के गोला के पता लगावे आ नष्ट करे में मदद करे वाला महत्वपूर्ण वायु रक्षा प्रणाली, टैंक विरोधी हथियार आ रडार शामिल बा.

यूक्रेन एह तरह के हथियार के इस्तेमाल कs रहल बा

राष्ट्रीय सुरक्षा प्रवक्ता जॉन किर्बी कहले कि यूक्रेन बाइडेन प्रशासन के नीति के मुताबिक रूस के खिलाफ जवाबी कार्रवाई खातीर अमेरिका के ओर से दिहल हथियार के इस्तेमाल करता। बाइडेन प्रशासन यूक्रेन के सीमावर्ती इलाका में रूस के जवाबी कार्रवाई में एह हथियार के इस्तेमाल करे के अनुमति दे दिहले बा बाकिर ऊ एह हथियार से देश के भीतरी हिस्सा में स्थित लक्ष्य पs निशाना ना बना सके. हालांकि अबे ले इs साफ नईखे भईल कि एs हथियार के इस्तेमाल निशाना पs हमला करे खातीर कवना दूरी पs कईल जा सकता।

इहो ध्यान देवे वाला बात बा कि अमेरिका यूक्रेन के अतिरिक्त सैन्य सहायता के घोषणा कईले बा, जब फरवरी 2022 में युद्ध शुरू भईला के बाद से कीव रूस के धरती पs सबसे बड़ हमला कईले बा। यूक्रेन रूस के कुर्स्क इलाका पs हमला कईले बा, जवना के चलते मास्को के आपातकाल के घोषणा करे के पड़ल बा। रूस कुर्स्क में अतिरिक्त सैन्य बल भेजले बा.

अमेरिका केतना मदद कइले बा?

यूक्रेन के दिहल ताजा अमेरिकी सैन्य सहायता में स्टिंगर मिसाइल, 155 मिलीमीटर आ 105 मिमी के गोला, ‘मोबिलिटी आर्टिलरी रॉकेट सिस्टम' (एचआईएमएआरएस) में इस्तेमाल होखे वाला गोला बारूद आ बख्तरबंद गाड़ी शामिल बा. फरवरी 2022 में रूस के यूक्रेन पs बिना कवनो उकसावे के हमला के बाद अमेरिका अबतक ले कीव के कुल 55.6 अरब अमेरिकी डॉलर के सहायता दे चुकल बा।

Tags :
Advertisement