टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Paris Olympics 2024: अमेरिकी धावक नोआन लाइल्स बनल विश्व के सबसे तेज पुरुष, 9.79 सेकेंड में पूरा कइलs 100 मीटर के दउड़

09:42 AM Aug 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

अमेरिकी धावक नोआह लाइल्स आखिरकार ऊ कs देखवलें, जवना के चरचा पिछला एक महीना से पूरा विश्व में होत रहे। सबसे रोमांचक दउड़ में से एगो में पुरुष 100 मीटर दउड़ में स्वर्ण पदक जीतके नोआह लाइल्स विश्व के सबसे तेज पुरुष बन गइल बाड़ें। सांसन के थाम देवे वाला ओह 10 सेकेंड में विश्व के शीर्ष एथलीटन के बीच अइसन मुकाबला भइल कि सेकेंड के छोटे हिस्सो में अंतर पता ना चल सकल।

Advertisement

जीवन के सर्वश्रेष्ठ 9.79 सेकेंड के समय निकालके अमेरिकी धावक लाइल्स दउड़ पूरी कइलस, बाकिर ऊ अइसन करे वाला एकमात्र धावक ना रहस। जमैका के फर्राटा धावक किशेन थांपसनो एतने समय में पूरी कइलें, बाकिर सेकेंड के 1000वां हिस्सा (.784) आ (.789) में दुनो के बीच अंतर निकालल जा सकल, जवना से से स्वर्ण आ रजत पदक धारक मिलल।

ओहिजा, पिछला बार के स्वर्ण पदक विजेता इटली के जैकब्स मार्सेल 9.85 सेकेंड में दउड़ पूरा कs के सत्र के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन कइलें, बाकिर एकरा बादो ऊ पांचवां स्थान पs रहलें। अमेरिकी धावक फ्रेड कर्ली 9.81 सेकेंड के संगे कांस्य विजेता बनलें।

Tags :
Bhojpuri NewsNoah LylesOlympics 2024Paris OlympicsWorld Fastest SprinterWorld's Fastest Man
Advertisement
Next Article