टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Amethi Election Result: हमनीं रउआ साथे बानी... अमेठी से हार के बाद Smriti Irani के सपोर्ट में उतरल बॉलीवुड

12:17 PM Jun 05, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Amethi Election Result: लोकसभा चुनाव 2024 (Lok Sabha Election Result) के नतीजे सामने आ चुकल बा। भारतीय जनता पार्टी के एह चुनाव में सबसे बड़ झटका अमेठी लोकसभा सीट से लागल बा। जहां बीजेपी कैंडिडेट स्मृति ईरानी (Smriti Irani) के हार के सामना करे पड़ल बा। पराजय के बाद स्मृति सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट साझा कइले बाड़ी। जवना पs अब तमाम फिल्मी सितारा उनका सपोर्ट कर रहल बा।

Advertisement

देश के सबसे बड़ चुनाव लोकसभा चुनाव 2024 के परिणाम सामने आ गइल बा। एह बेर के आम चुनाव में भारतीय जनता पार्टी के उत्तर प्रदेश के अमेठी लोकसभा सीट से करारा झटका लागल बा। बीजेपी लीडर आ टीवी एक्ट्रेस रहील स्मृति ईरानी एह सीट से चुनाव हार गइल बाड़ी। 1 लाख 67 हजार 196 वोटन के अंतर उनका कांग्रेस प्रत्याशी के.एल. शर्मा के हाथन हार झेले के पड़ल बा।

स्मृति ईरानी एह हार के बाद हर तरफ हाहाकार मचल बा। खुद स्मृति एकरा से काफी दुखी बाड़ी आ उऽ सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर कइले बाड़ी। जवना पs तमाम बॉलीवुड सितारा कमेंट कऽ के उनका के सपोर्ट कर रहल बाड़े।

स्मृति ईरानी के मिलल बॉलीवुड से समर्थन

टीवी सीरियल क्योंकि सास भी कभी बहू थी से फैंस के दिलन में खास जगह बनावे वालीं अभिनेत्री स्मृति ईरानी राजनीति में जोरदार एंट्री के साथ आगाज कइले रही। बाकिर लोकसभा चुनाव 2024 में उनकर किस्मत ना चमक पाइल आ उऽ अपना संसदीय सीट अमेठी के गंवा देली।

एह हार के बाद स्मृति ईरानी अपना ऑफिशियल इंस्टाग्राम हैंडल पs एगो लेटेस्ट पोस्ट शेयर कइली, जवना में उऽ 10 साल के बेजोर मेहनत आ आगे के प्लानिंग के लेकर जिक्र करत लउकली। एह पोस्ट में हिंदी सिनेमा के सेलेब्स लो उनका के सपोर्ट कइले बा। अभिनेत्री मौनी रॉय स्मृति के पोस्ट पs कमेंट कऽ के लिखली- हमनी हमेशा रउआ साथे बानी । दूसरका ओर एक्टर सोनू सूद हार्ट इमोजी के साथे उनका फेवर में आपन बात रखले। एकरा अलावा टीवी एक्ट्रेस पूजा बनर्जी लिखले बाड़ी - कठिन परिश्रम के फल हमेशा मिलेला मैम, परेशान ना होखी, सभे कोई रउआ साथे बा। ए तरे से तमाम सितारा आ फैंस स्मृति ईरानी के सपोर्ट कर रहल बाड़े।

स्मृति ईरानी राहुल गांधी के हरवले रही

एकरा पहिले पिछला लोकसभा चुनाव में स्मृति ईरानी बड़ा उलेटफेर कऽ के सुर्खियां बटोरले रही। 2019 में स्मृति कांग्रेस के नेता राहुल गांधी के अमेठी लोकसभा सीट से धूल चटवले रही। बाकिर अबकी स्मृति ईरानी के मनसूबा पs पानी फिर गइल।

Tags :
Amethi Lok Sabha Seatelection newsLoksabha Electionssimrit IraniSimrit raniuttar pradesh news
Advertisement
Next Article